Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हैदराबाद में ISI से जुड़ल तीन संदिग्ध आतंकी गिरफ्तार, चार हैंड ग्रेनेड भइल बरामद

221
हैदराबाद पुलिस अतवार के तीन संदिग्ध आतंकियन के गिरफ्तार कइलस जौन कथित तौर पर पाकिस्तान के खुफिया एजेंसी ISI के इशारा पर शहर में फिदायीन हमला कर के योजना बनावत रहल। पुलिस एह सब के लग्गे से चार हथगोला, ₹ 5 41,800 नकद अउर एक मोटरसाइकिल जब्त कइले बा। हैदराबाद के पुलिस आयुक्त सी वी आनंद एह बात के जानकारी देहलस।

आतंकी हमला के अंजाम देहले के फिराक में रहलें सब आरोपी

गिरफ्तार कइल गइल लोग के पहचान मूसारामबाग के अब्दुल जाहिद (40), सईदाबाद के मोहम्मद समीउद्दीन (39) अउर हुमायूं नगर के माज हसन फारूक (29) के रूप में भइल बा। आरोपी धमाका अउरी लोन वुल्फ हमला सहित आतंकी काम के अंजाम देहले के साजिश रचले रहे।
346740cookie-checkहैदराबाद में ISI से जुड़ल तीन संदिग्ध आतंकी गिरफ्तार, चार हैंड ग्रेनेड भइल बरामद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.