[the_ad_group id="30365"]

सीएम के सख्ती: ट्रैक्टर-ट्रॉली, डंपर से सवारी ढोअत मिलले पे 10 हजार के लागी जुर्माना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कानपुर में शनिचर के ट्रैक्टर-ट्रॉली हादसा में 26 लोग के मौत के बाद अब शासन-प्रशासन सख्त हो गइल बा। जौन ट्रैक्टर ट्रॉली कानपुर में दुर्घटनाग्रस्त भइल रहे ओमें करीब 50 लोग सवार रहल अउर एह तथ्य के सामने अइते शासन कार्रवाई के फैसला लिहले बा।
प्रदेश में अब ट्रैक्टर ट्रॉली, डाला अउर डंपर से सवारी ढोअला पs 10 हजार रुपया के जुर्माना वसूलल जाई। एकरे खातिर अतवार से ही 10 दिन के विशेष अभियान भी शुरू कs दिहल गइल बा। लखनऊ, लखीमपुर, कानपुर में ट्रैक्टर ट्रॉली के हादसा में कई लोग के जान गइला के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सख्ती पर यातायात विभाग के नींद टूटल अउर एडीजी यातायात अनुपम कुलश्रेष्ठ एकर आदेश जारी कs दिहलें।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अतवार के ही सख्त कदम उठावे के निर्देश दिहले रहलें। कानपुर में भइल हादसा के पीड़ित से मिले खातिर रवाना होख से पहिले उ सड़क सुरक्षा के संबंध में परिवहन विभाग अउरी गृह विभाग के अधिकारियन के संगे बैठक कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]