Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशरख में ट्रांसफार्मर रिपेयरिंग खातिर तीन घंटा कटी बिजली, संगही तार बदले के कामो होई

513
Google Ads 300*250 for posts

मशरख। आज सोमार के तीन घंटा खातिर पावर कट कs के मेंटेनेंस के काम कइल जाई। बिजली विभाग से मिलल जानकारी के अनुसार मशरख के चैनपुर फीडर में बिजली कट कs के मेंटेनेंस के काम कइल जाये के बा। एकरा के लेके चैनपुर फीडर से पावर कट कइल जाई। एह कारण सबेरे 10 बजे से दुपहरिया एक बजे तक तीन घंटा खातिर बिजली बाधित रही।

विभाग सूचना जारी करत बिजली संबंधित काम के पहिलही निपटा लेवे के सलाह देले बा। एह दौरान मशरख आ इसुआपुर में बिजली बाधित रही। सहायक अभियंता कहलें कि हाई एक्सटेंशन आ लो एक्सटेंशन वायर के मरम्मती होखे के बा। एकरा संगही पावर सब स्टेशन में रेगुलर मेंटेनेंस के काम कइल जाई। काम पूरा होखला के बाद फेर से सेवा बहाल कs दिहल जाई।

960070cookie-checkमशरख में ट्रांसफार्मर रिपेयरिंग खातिर तीन घंटा कटी बिजली, संगही तार बदले के कामो होई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.