डोरीगंज फीडर में 3 घंटा के पावर कट: मेंटेनेंस आ वायर एक्सचेंज के लेके दुपहरिया 1 बजे तक सप्लाई रही बाधित 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 30, 2024

छपरा में मानसून के बरसात के बीच पावर ट्रिप आ ट्रांसफार्मर लोड के समस्या पेश आवे लागल बा। जवना के लेके बिजली विभाग के ओर से पावर मेंटनेंस के काम कइल जाये के बा। एही

Share

बिजली गुल

छपरा में मानसून के बरसात के बीच पावर ट्रिप आ ट्रांसफार्मर लोड के समस्या पेश आवे लागल बा। जवना के लेके बिजली विभाग के ओर से पावर मेंटनेंस के काम कइल जाये के बा। एही क्रम में डोरीगंज पीएसएस में बिजली कट कs के मेंटनेंस के काम कइल जाई। जवना के लेके आज सुक के चिरांद फीडर से पावर कट कइल जाये के बा।

आज सुक के सबेरे 10 बजे से एक बजे तक तीन घंटा के पावर कट कइल जाई। एकरा के लेके बिजली विभाग के  ओर से सूचना जारी करत बिजली संबंधित काम के निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल। दोबारा एक बजे के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। एह दौरान डोरीगंज आ गड़खा क्षेत्र के आसपास के हिस्सन मे बिजली बाधित रही।

मेंटेनेंस कार्य के लेके लिहल गइल निर्णय

पावर कट से संबंधित जानकारी देत सहायक अभियंता बतवलें कि बुध के डोरीगंज पीएसएस से संचालित होखे वाला फीडर में बिजली बाधित कइल जाये के बा। सबेरे 10 बजे से एक बजे तक बिजली बाधित करे खातिर तमाम तरे के बिजली के मरम्मती के काम कइल जाये के बा। दोबारा एक बजे के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई।

एह दौरान हाई एक्सटेंशन आ लो एक्सटेंशन वायर के मरम्मती के संगे पावर सब स्टेशन में ट्रांसफॉर्मर के रेगुलर मेंटनेस कइल जाई। संगही वायर के संपर्क में आवे वाला पेड़ के कटाई-छटाई कइल जाई। जवना से भविष्य में परेसानी ना होखे। बिजली खपत में पावर लोड के चलते परेसानी आ रहल बा। एह समय मे परेसानी खातिर बिजली विभाग क्षमाप्रार्थी बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.