[the_ad_group id="30365"]

जलालपुर-बनियापुर क्षेत्र में 3 घंटा के पावर कट : फीडर में चली मेंटेनेंस, दुपहरिया एक बजे के बाद होई सप्लाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। जलालपुर आ बनियापुर प्रखंड के कुछ हिस्सन में पावर कट कइल जाये के बा। जलालपुर के चतरा पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला फीडर में पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल जाई। जवना के लेके बिजली विभाग के ओर से सूचना जारी कइल गइल बा। आज सनीचर के सबेरे 10 बजे से एक बजे तक पावर कट रही।

इस दौरान सब स्टेशन आ ट्रांसफार्मर के रिपेयरिंग कइल जाई। हाल के दिनन में चतरा पावर सब स्टेशन से पावर ट्रिप के समस्या पेश आ रहल बा। संगही बाढ़ आ बरखा के लेके सभका वायर के मरम्मती के काम कइल जाये के बा। एह दौरान तीन घंटा के पावर कट रही। पावर कट से पहिले बिजली संबंधित काम निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा।

मरम्मती काम के लेके सप्लाई रही बाधित

कनीय अभियंता बतवलें कि बरखा आ बाढ़ के पानी से पावर ट्रांसमिशन पs भारी लोड आ दबाव पड़ रहल बा। जवना से ओवर हिट पावर ट्रिप के समस्या पेश आ रहल बा। जवना के लेके मरम्मती के काम कइल जाये के बा। छपरा के जलालपुर चतरा पावर सब स्टेशन से संचालित होके वाला फीडर में पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल जाये के बा। जवना के लेके लगभग तीन घंटा तक बिजली बाधित कइल जाई। मरम्मती के काम पूरा हो गइला के बाद 1 बजे से बिजली बहाल कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]