[the_ad_group id="30365"]

सब फिलमन पर भारी पड़ल ‘थिरुचित्रम्बलम’, छठवे दिन भी धनुष के मूवी कइलस धांसू कमाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धनुष अउर नित्या मेनन के फिलिम ‘थिरुचित्रम्बलम’ सिनेमाघर में अइते धमाल मचा देहलें बा। 18 अगस्त के रिलीज भइल ई फिलिम दर्शकन के सिर चढ़ के बोल रहल बा। फिल्म के कहानी से ले के धनुष अउरी नित्या मेनन के एक्टिंग तक के सभे शानदार नंबर से पास कइलें बा, जौने वजह से छोट बजट में बनल ई फिलिम बॉक्स ऑफिस पर जबरदस्त प्रदर्शन कर रहल बा। एह फिल्म के रिलीज भइले पूरा छह दिन हो गइल बा अउरी छठवे दिन भी धनुष के ‘थिरुचित्रम्बलम’ धमाकेदार कमाई कइलें बा।

थिरुचित्रम्बलम

‘थिरुचित्रम्बलम’ आपन वीकएंड टेस्ट शानदार कलेक्शन से पास कइलें रहल। फिल्म पहिले बंपर ओपनिंग कइलस। पहिले दिन ‘थिरुचित्रम्बलम’ कुल 9.52 करोड़ रुपया के धांसू कलेक्शन कइलें रहल। एकरे बाद फिल्म दूसरे दिन 8.79 करोड़, तीसरे दिन 10.24 करोड़, चौथे दिन 11.03 करोड़, अउरी पांचवें दिन यानी सोमार के 4.16 करोड़ रुपया के ताबड़तोड़ कमाई कइलस।
thiruchitrambalam
शुरुआती आंकडन के हिसाब से छठवे दिन मने मंगलवार के फिलिम में लगभग 3.10 करोड़ के कमाई कइलें बा, जेकरे संगही फिल्म के टोटल कलेक्शन 44.76 करोड़ ले पहुंच गइल बा। एह फिल्म के कमाई के रफ्तार देखत कहल जा रहल बा कि ‘थिरुचित्रम्बलम’ धनुष के करियर के सबसे बड़ हिट फिल्म साबित होई। बता देई कि एह समय सिनेमाघरन में जेतना भी फिलिम लागल बा, ओमें ‘थिरुचित्रम्बलम’ सबसे आगे चल रहल बा। ई फिल्म ‘लाल सिंह चड्ढा’ अउरी ‘रक्षाबंधन’ के सथही साउथ फिल्म ‘कार्तिकेय 2’ के भी पछाड़ देहलें बा।
Thiruchitrambalam

धनुष अउरी नित्या मेनन के अलावा, एह फिल्म में प्रकाश राज, राशि खन्ना अउरी प्रिया भवानी शंकर सपोर्टिंग रोल में बानें अउरी एह फिल्म के निर्दशन मिथरन जवाहर कइले बानें। फिल्म में धनुष एक डिलीवरी ब्वॉय के किरदार निभवलें बानें जबकि नित्या मेनन उनकर बेस्ट फ्रेंड के रोल में बाड़ी। धनुष अउरी निर्देशन मिथरन जवाहर का साथ में ई चौथा प्रोजक्ट ह। एसे पहिले उ दूनो लोग फिल्म ‘याराडी नी मोहिनी‘, ‘कुट्टी‘ अउरी ‘उतमपुतिरन‘ में एक साथ काम कइलें बानें। हालांकि, ई तीनों फिल्म तेलुगू फिल्मन के रीमेक ह।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]