[the_ad_group id="30365"]

सैनिटरी पैड पर भगवान कृष्ण के तस्वीर देख के भड़कले यूजर्स, काली के बाद अब एगो अउरी फिल्म पर विवाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीतल दिन में फिल्म काली के पोस्टर के लेके उठल विवाद के बाद देशभर में बवाल देखे के मिलल रहल। फिल्म अउरी एकर निर्देशक लीना मनिमेकलाई के खिलाफ देशभर में रोष अउरी विरोध देखे के मिलल रहल। एही बीच अब एक अउरी फिल्म के पोस्टर के लेके विवाद खड़ा हो गइल।

दरअसल, बीतल महीना फिल्म ‘मासूम सवाल’ के मेकर्स कुछ पोस्टर्स शेयर कइलें रहने। अब एह फिल्म के पोस्टर के ले के विवाद होत दिख रहल बा। सामने आइल पोस्टर में सैनिटरी पैड पर भगवान कृष्ण के तस्वीर बनल नजर आ रहल बा।

एह पोस्टर के देख के अब सोशल मीडिया पर लोग एकर जमके विरोध कर रहल बानें। साथ ही यूजर्स फिल्म के निर्देशक अउरी स्टार कास्ट पर धार्मिक भावनाएं आहत करे के आरोप भी लगा रहल बानें।

बता देंई कि ई फिल्म अगले दो दिन में रिलीज होखे वाली बा। उहवें, फिल्म के पोस्टर पर भइल विवाद के बाद अब एह फिल्म में नजर आवे वाली एक्ट्रेस एकावली खन्ना अउरी एकर निर्देशक के प्रतिक्रिया सामने आइल बा। अभिनेत्री एकावली कहली कि, “मेकर्स के इदारा केहू के भी भावना के ठेस पहुंचवलें के नाइ रहल ह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]