[the_ad_group id="30365"]

पटरी पर लौटल वंदे भारत एक्सप्रेस, भैंस के झुंड से टकरा के भइल रहे दुर्घटनाग्रस्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के तीसरी हाईस्पीड ट्रेन वंदे भारत एक्सप्रेस एक बेर फिर से पटरी पर लौट आइल बा। एक दिन पहिले भैंस के झुंड से टकरा के ट्रेन के अगला हिस्सा क्षतिग्रस्त हो गइल रहे, जेके अब ठीक कs दिहल गइल बा।
पश्चिम रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी सुमित ठाकुर बतवलें, हादसा में वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन के अगला हिस्सा अउर माउंटिंग ब्रैकेट क्षतिग्रस्त भइल रहे। जिनके मुंबई सेंट्रल के कोच केयर सेंटर में  ठीक कs दिहल गइल रहे। उ बतवलें, टक्कर से ट्रेन के महत्वपूर्ण संचालन हिस्से प्रभावित नाइ भइल रहे।
मणिनगर जात में भइल रहे टक्कर 
पश्चिम रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी सुमित ठाकुर अतवार के बतवलें कि सुबह करीब 11.15 बजे वटवा स्टेशन से मणिनगर जात वक्त वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन हादसा के शिकार भइल रहे। दूनों स्टेशन के बीच भैंस के झुंड के रेलवे लाइन पर अइले से ई हादसा भइल रहे। हालांकि, एह दुर्घटना में यात्रियन के कौनो नुकसान नाइ भइल रहे। रेलवे अधिकारिय के मुताबिक, हादसा के कारण ट्रेन के कुछ देर खातिर  घटनास्थल पर ही रोक दिहल गइल रहे, बाद में जांच के बाद ट्रेन के गंतव्य खातिर रवाना कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]