[the_ad_group id="30365"]

सचिन वाजे के दिल्ली हाईकोर्ट से झटका, एंटीलिया मामिला में UAPA के तहत चली केस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के बर्खास्त पुलिस अधिकारी सचिन वाजे के आजु दिल्ली हाईकोर्ट से बड़ झटका लागल। हाईकोर्ट मुंबई में उद्योगपति मुकेश अंबानी के निवास एंटीलिया के बाहर एगो गाड़ी में बम लगवले के मामिला में वाजे के खिलाफ यूएपीए के तहत केस चलावे के चुनौती देवे वाली उनकर याचिका खारिज कs देहलस।
वाजे एंटीलिया मामिला में अपने खिलाफ गैर कानूनी गतिविधियां निवारक कानून (UAPA) के तहत केस दायर करे के चुनौती देहले रहनें। जस्टिस मुक्ता गुप्ता अउर जस्टिस अनीश दयाल के पीठ कहलस कि ई याचिका दिल्ली हाईकोर्ट के क्षेत्राधिकार से बाहर बा।

केंद्र वाजे के याचिका के एह आधार पर विरोध कइल गइल रहे कि उ दिल्ली हाईकोर्ट द्वारा स्वीकार करे के योग्य नाइ बा। ई बॉम्बे हाईकोर्ट में दायर कइल जाए के चाहीं, काहेसेकि ई पूरा मामला मुंबई में भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]