[the_ad_group id="30365"]

Arun Bali Passes Away: ‘केदारनाथ’ फेम अरुण बाली के निधन, लमहर समय से बेमार रहलेंं 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Arun Bali Died: एंटरटेनमेंट इंडस्ट्री खातिर एगो आउर बुरा खबर सामने आइल बा।

कइयन गो फिलिम आ टीवी सीरियल्स में अपना एक्टिंग से सबे के दिल जीत चुकल एक्टर अरुण बाली (Arun Bali) के निधन हो गइल बा। 79 साल के उमिर में अरुण बाली मुंबई में आखिरी सांस लेले। रिपोर्ट्स के मोताबिक अरुण बाली सबेरे 4:30 मिनट प आखिरी सांस लेले। ऊ कइयन गो दिग्गज कलाकारन के साथे ऊ काम कर चुकल रहस।

अरुण बाली लमहर समय से बेमार चलत रहस। कुछ महीना पहिले उनका के अस्पताल में भर्तियो करावल गइल रहे। अरुण बाली एगो दुर्लभ बेमारी Myasthenia Gravis से जूझत रहस। ई एगो ऑटोइम्यून बेमारी ह। जवन नर्व्स आ मसल्स के बीच कम्युनिकेशन फेलियर के वजह से होला।

अरुण बाली के निधन टीवी आ बॉलीवुड इंडस्ट्री में शोक के लहर छा गइल बा। कइयन गो सेलेब्स आ फैंस सोशल मीडिया प शोक जाहिर कर रहल बा। फैंस उनकर आत्मा के शांति के प्रार्थना कर रहल बा लो।

90 के दशक से शुरू कइले करियर

अरुण बाली अपना करियर के शुरुआत 90 के दशक से कइले रहस। ऊ राजू बन गया जेंटलमैन, खलनायक, जब वी मेट, फूल और अंगारे, केदारनाथ जइसन कइयन गो फिल्मन में काम कर चुकल बाड़े। ऊ अपना एक्टिंग से हर बेर एगो अलग छाप छोड़ले बाड़े। एकरा अलावे ऊ ‘बाबुल की दुआएं लेती जा’, कुमकुम जइसन कइयन गो सीरियलन में काम कर चुकल बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]