[the_ad_group id="30365"]

औरंगजेब के मकबरा : MNS के धमकी से डेराइल उद्धव सरकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राज ठाकरे के पार्टी महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना के धमकी के बाद उद्धव सरकार औरंगाबाद में औरंगजेब के कब्र के पांच दिन तक बंद राखे के फैसला कईले बिया। राज्य के उपमुख्यमंत्री अजीत पवार इ जानकारी देले बाड़े। उ कहले कि मुगल सम्राट औरंगजेब के कब्र पांच दिन तक बंद रही, ताकि राज्य के कानून व्यवस्था के स्थिति प कवनो असर ना पड़े। दरअसल, राज ठाकरे के पार्टी एमएनएस धमकी देले रहे कि उद्धव ठाकरे सरकार मुगल शासक औरंगजेब के कब्र गिरा देवे। एमएनएस कहलस कि शिवाजी के जमीन प औरंगजेब के का काम बा? एकरा बाद महाराष्ट्र सरकार औरंगाबाद के खुलदाबाद में औरंगजेब के कब्र के आसपास पुलिस सुरक्षा बढ़ा दिहलस।

MNS प्रवक्ता गजानन धमकी देले रहले

MNS प्रवक्ता गजानन काले कहले कि शिवाजी के जमीन प औरंगजेब के कब्र के का जरूरत बा? एह कब्र के गिरा दिहल जाव कि ओह लोग के लइका-लइकी एहिजा माथा झुकावे ना आसु. उ आगे कहले कि माननीय बालासाहेब ठाकरे भी इहे बात कहले बाड़े, चाहे आप बालासाहेब के बात सुनब कि ना। औरंगाबाद के नाम बदले के मांग आप पहिलही उल्टा क देले बानी।

ASI के औरंगाबाद इलाका के अधीक्षक मिलन कुमार चौले बतवले कि एकरा से पहिले मस्जिद समिति कब्र प ताला लगावे के कोशिश कईले रहे, लेकिन हमनी के एकरा के खोल देले रहनी। हालांकि बुध का दिने हमनी का अगिला पाँच दिन ले एकरा के बंद करे के फैसला कइनी जा.

अखिल भारतीय मजलिस-ए-इत्तेहाद-उल मुस्लिमीन (एआईएमईएम) के नेता अकबरुद्दीन ओवैसी एह महीना के शुरुआत में औरंगजेब के कब्र पर गइल रहले जवना के महाराष्ट्र के सत्ताधारी शिवसेना के साथे-साथे राज ठाकरे के नेतृत्व वाला एमएनएस भी आलोचना कइले रहे। ओवैसी के कब्र में गईला के बाद राकांपा प्रमुख शरद पवार संदेह जतवले रहले कि, उ अयीसन क के महाराष्ट्र के शांतिपूर्ण प्रशासन के परेशान कईल चाहतारे कि ना।

राज ठाकरे के चोट पहुंचावे के कोशिश कईला प पूरा महाराष्ट्र जर जाई: MNS

दोसरा तरफ मुंबई के लालबाग इलाका में महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना एगो पोस्टर लगवले बिया जवना में लिखल बा कि अगर केहू राज ठाकरे के चोट पहुंचावे के कोशिश करी त पूरा महाराष्ट्र जर जाई. इ बात राज ठाकरे के अयोध्या यात्रा के विरोध के बाद भईल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]