[the_ad_group id="30365"]

नाइ बंद होई जंगल के भीतर से जाए वाली सड़क

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

The road going through the forest will not be closed

वाल्मीकि टाइगर रिजर्व के जंगल के बीच से गुजर रहल सड़क के बंद कइलें के अफवाह से स्थानीय लोग परेशान बानें। बिना ठोस साक्ष्य के ही बीतल 15 दिन से यूपी-बिहार के सीमावर्ती क्षेत्रों में वन विभाग ओर से सड़क के एकदम बंद कइले से संबंधित संदेश सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। वन विभाग के अधिकारियन के कहनाम बा कि अइसन कौनो योजना नाइ बा। केहू अफवाह फैला देहले बा।

जनपद अउरी बिहार के पश्चिमी, पूर्वी चंपारण से हो के नेपाल के जोड़े वाली सड़क (राष्ट्रीय राजमार्ग संख्या-727) आजुकाल्ह चर्चा में बा। कुछ दिन से बिहार अउरी यूपी में एकरे बंद होखले के सूचना सोशल मीडिया पर प्रसारित कइल जा रहल बा। ई बतावल जा रहल बा कि वाल्मीकि टाइगर रिजर्व से हो के जाए वाली करीब सात किलोमीटर सड़क के हिस्सा के वन विभाग 2023 में बंद कs देई। एह सूचना के बाद सीमावर्ती क्षेत्रों में लोग नाराज हो गइल बानें। लोग वन विभाग के अधिकारियन के निर्णय के खिलाफ प्रदर्शन भी शुरू कs दिहलें बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]