[the_ad_group id="30365"]

महेंद्र प्रताप सिंह अउर राजेश वर्मा के मिलल गिरीश रस्तोगी सम्मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सार्थक रंगकर्म खातिर गिरीश रस्तोगी सम्मान वरिष्ठ रंगकर्मी महेंद्र प्रताप सिंह अउरी राजेश वर्मा जी के दिहल गइल। महेंद्र प्रताप सिंह भोजपुरी रंगमंच के क्षेत्र मे उल्लेखनीय कार्य कइले बानें। ई बिरजू के ब्याह, बसमतिया, खुदा नखासते, दरोगा जी वाह वाह सहित कई नाटक लिखले बानें। महेंद्र प्रताप सिंह निर्देशक भी रहल बानें। इहाँ के दिल्ली सरकार के बिहार सम्मान, भिखारी ठाकुर सम्मान बिहारी अस्मिता सम्मान सहित कई पुरस्कार मिल चुकल बा।

गिरीश रस्तोगी सम्मान से सम्मानित दुसरा रंगकर्मी राजेश वर्मा रूपांतर के वरिष्ठ कलाकार रहल बानें। रूपांतर के सब नाटक में राजेश वर्मा महत्वपूर्ण भूमिका निभवलें। ऊ 40 से बेसी बरिस से रूपांतर नाट्य मंच से जुड़ल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]