Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Big Breaking: शंकराचार्य स्वरूपानंद सरस्वती ना रहलें, 99 साल के उमिर में लेले अंतिम सांस

देश के चार प्रमुख पीठन में शामिल ज्योतिष आ द्वारकाशारदा पीठ के शंकराचार्य स्वामी स्वरूपानंद सरस्वती जी के आज मध्यप्रदेश के नरसिंहपुर जिला में स्थित गोटेगांव के लगे झोतेश्वर धाम में निधन हो गइल। स्वामी स्वरूपानंद सरस्वती झोतेश्वर धाम परिसर में स्थित अपना आश्रम में अंतिम सांस लेनीं। ऊ अपना जिनगी के 99 साल पूरा कs चुकल रहलें।  अंतिम समय में शंकराचार्य के अनुयायी आ शिष्य उनका लगे रहे लो। उनका बृह्मलीन होखला के सूचना के बाद आसपास के क्षेत्रन से भक्तन के भीड़ आश्रम कावर पहुंचे लागल

398
शंकराचार्य स्वामी स्वरूपानंद सरस्वती के निधन हो गइल बा। मध्यप्रदेश के नरसिंहपुर के झोतेश्वर मंदिर में ऊ अंतिम सांस लेले।  ऊ 99 साल के रहस आ लमहर समय से बीमार चलत रहस। हाले में 3 सितंबर के ऊ आपन 99वां जन्मदिन मनवले रहस। ऊ द्वारका के शारदा पीठ आ ज्योर्तिमठ बद्रीनाथ के शंकराचार्य रहस।
शंकराचार्य राम मंदिर निर्माण खातिर लमहर कानूनी लड़ाई लड़ले। आजादी के आंदोलनो में  भाग लेले। स्वरूपानंद सरस्वती के हिंदुअन के सबसे बड़ धर्मगुरु मानल जात रहे। अंतिम समय में शंकराचार्य के अनुयायी आ शिष्य उनला लगे रहे लो।  समीप थे। उनका बृह्मलीन होखला के सूचना के बाद आसपास के क्षेत्रन से भक्तन के भीड़ आश्रम कावर पहुंचे लागल।
326500cookie-checkBig Breaking: शंकराचार्य स्वरूपानंद सरस्वती ना रहलें, 99 साल के उमिर में लेले अंतिम सांस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.