[the_ad_group id="30365"]

रात तीन बजे ले चलल बचाव अभियान, 400 पर्यटक गाड़ियन के सुरक्षित निकालल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लाहौल घूमे गइल देश के कई राज्य के पर्यटक अटल टनल के नॉर्थ पोर्टल से ले के धुंधी ले रातभर फंसल रहल। बर्फबारी होखले से फंसल 400 गाड़ियन के सुक्क के निकालल गइल। कुल्लू अउर लाहौल पुलिस मिल के पर्यटक लोग के निकाले खातिर रात तीन बजे ले रेस्क्यू ऑपरेशन चलावल गइल अउर सब के मनाली सुरक्षित पहुंचावल गइल।

उहवें मौसम के करवट से सोलंगनाला के संगे लाहौल-स्पीति घाटी ताजा बर्फबारी से लद गइल बा। लाहौल के जोड़े वाला मनाली-लेह राहों अटल टनल में ताजा बर्फबारी से बंद हो गइल बा। जबकि जलोड़ी दर्रा में बर्फबारी होखले से बाहरी सराज के संपर्क जिला मुख्यालय से कट गइल बा। उहवें लाहौल में 100 से बेसी सड़क पs गाड़ियन के आवाजाही एकदम रुक गइल बा।

जानकारी के अनुसार रोहतांग दर्रा में 30 सेंमी, बारालाचा में 40 सेंमी, कुंजुम दर्रा में 35 सेंमी, कोकसर में 10 सेंमी, अटल टनल नॉर्थ पोर्टल में 8 सेंमी, सिस्सू में 6 सेंमी, सोलंगनाला में 12 सेंमी, धुंधी में 15 सेंमी, मनाली के ढुंगरी में 3 सेंमी, कोठी में 10 सेंमी अउर केलांग अउर उदयपुर में 5 सेंमी ले ताजा बर्फबारी भइल बा। पुलिस अधीक्षक केलांग मानव वर्मा कहनें कि रात के अटल टनल रोहतांग में नॉर्थ पोर्टल से ले के धुंधी तक फंसल करीब 400 गाड़ियन के रेस्क्यू कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]