Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: प्रधानमंत्री के मां के निधन पs शोक सभा के आयोजन 

315

गोरखपुर, 30 दिसंबर। सरस्वती शिशु मंदिर पूर्व माध्यमिक विद्यालय प्रेमचंद नगर (तुर्कमानपुर) के परिसर में सुक के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के माताजी के निधन पs शोक सभा के आयोजन कइल गइल। शोक संवेदना में परमपिता परमेश्वर से मृत आत्मा के शान्ति खातिर प्रार्थना आ दुःख के एह घड़ी में ईश्वर से धैर्य आ संबल प्रदान करे के कामना कइल गइल।

एह अवसर पs विद्यालय के प्रधानाचार्य सन्तोष दुबे, आचार्यगण गेशव गोपाल , ज्ञानप्रकाश , महेन्द्र , हारिका , आलोक, प्रकृति सिंह, वेद प्रकाश शुक्ल, रामप्रकाश त्रिपाठी के संगे विद्यालय के सब छात्र-छात्रा आ कर्मचारी उपस्थित रहल लोग।

426010cookie-checkगोरखपुर: प्रधानमंत्री के मां के निधन पs शोक सभा के आयोजन 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.