[the_ad_group id="30365"]

सदी के महान फुटबॉलर पेले के निधन, 82 के उमिर में लेलें अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनिया के सबसे महानतम फुटबॉलर में से एक पेले एह दुनिया से विदाई ले लेलें बाड़े। ऊ अब हमनी के बीच नइखें। ब्राजील के एह दिग्गज फुटबॉलर के 82 साल के उमिर में बियफे के निधन हो गइल।

पेले के बेटी केली नैसिमेंटो इंस्टाग्राम के जरिए निधन के सूचना देली। 20वीं सदी के महान फुटबॉलर पेले के कोलन कैंसर रहे आ ऊ बीतल कुछ दिनन से साओ पाउलो के हॉस्पिटल में भर्ती रहस। ऊ फॉर्वर्ड पोजीशन पs खेलला खातिर विख्यात रहलें। पेले के दुनिया के महान फुटबॉलर मानल जाला। पेले के असली नाम एडसन एरंटेस डो नासिमेंटो रहे। बाकिर सानदार खेल के कारण उनका के कइयन गो दोसरो नामन से जानल जात रहे। पेले के ‘ब्लैक पर्ल’, ‘किंग ऑफ फुटबॉल’, ‘किंग पेले’ जइसन उपनामन से पुकारल जात रहे। पेले अपना समय के सबसे महंगा फुटबॉलर्स में से एगो रहस।

पेले के जनम 23 अक्टूबर के सन 1940 में ब्राजील के मिनास गेराइस में भइल रहे। पेले के पिता के नाम डोनडिन्हो रहे। उनकर माई के नाम सेलेस्टी अरांटेस रहे। पेले अपना माई-बाप के दु संतानन में सबसे बड़ रहस। पिता डोनडिन्हो क्लब स्तर के फुटबॉल खिलाड़ियन में गिनल जात रहस। पहिले फुटबॉलर के निकनेम डिको रहे। एकरा बाद स्थानीय फुटबॉल क्लब के एगो गोलकीपर बिले के कारण उनका के पेले के नाम से जानल जाये लागल। गौर करे वाला बात बा कि बचपन में डिको माने पेले के कइयन गो मुकाबला गोलकीपर के रूप में भइल। एह दौरान ऊ सानदार बचाव खातिर जानल जाये लगलें। उनकर फैन्स उनका के दूसरका बिले कहल करे लोग। बाकिर बिले नाम के ई खेलाड़ी बाद में पेले कहलाइल जाये लागल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]