[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविद्यालय के बीबीए छात्र के मिलल पांच लाख 80 हजार के सलाना पैकेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के ट्रेनिंग एंड प्लेसमेंट सेल द्वारा 12 अक्टूबर के आनलाइन मोड में छात्र छात्रा के सेल्स एसोसिएट पद के लर्निंग रूट कंपनी में साक्षात्कार भइल रहे। कई चरण में चले वाली कंपनी के चयन प्रक्रिया में लगभग दू महीना के समय लागल।
लर्निंग रूट कंपनी खातिर अंतिम चरण के बाद बीबीए छात्र कुशाग्र श्रीवास्तव के चयन कइले बा। इनकर चयन पांच लाख 80 हजार रुपया वार्षिक पर हो गइल बा। लर्निंग रूट के तरुण (वरिष्ट प्रबंधक मानव संसाधन) सूचना दिहलस।
एह प्लेसमेंट ड्राइव में विश्वविद्यालय के आठ दर्जन से ज्यादा छात्र छात्रा लोग भाग लिहले रहे। जे एमकॉम, एग्रीकल्चर, ला, एमबीए अउर बीबीए कोर्स कs रहल बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]