[the_ad_group id="30365"]

प्रदेश में सामान्य ठंड के आसार जता रहल बा मौसम विभाग, दिसंबर से फरवरी ले के पूर्वानुमान जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सर्दियन में न्यूनतम अउर उच्चतम तापमान दूनों पूर्वी उत्तर प्रदेश में सामान्य रही। यानी एह इलाकन में ठंड सामान्य रही। उहवें प्रदेश के अन्य इलाकन में सामान्य से थोड़ा अधिक रही। ई कहनाम बा मौसम विभाग के। दिसंबर 2022 से फरवरी 2023 खातिर विभाग द्वारा बियफे के रिपोर्ट जारी कइल गइल बा।

आंचलिक मौसम विज्ञान केंद्र के निदेशक मो. दानिश रिपोर्ट के हवाला देत कहनें कि फिलहाल सामान्य ठंड के आसार बा। एकर ई मतलब नइखे कि ठंड लगातार पड़ी, चाहे बिल्कुल नाइ पड़ी। सोझ मतलब ई बा कि ठंड पड़ी, न कम होई न जियादा। एकरे अलावा वैश्विक परिदृश्य बता रहल बानें कि ठंड के निरंतरता बाधित होई।

जहां ले प्रदेश में औसत तापमान के बात बा त मध्य में स्थित होखले के चलते लखनऊ के तापमान के अगर हम मानक मान लेईं त बीतल बरस में लखनऊ में न्यूनतम तापमान के औसत दिसंबर में 8.9, जनवरी में 7.8 अउर फरवरी में 11 डिग्री रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]