[the_ad_group id="30365"]

कोहरा के चलते 16 ट्रेन भइल रद्द, पांच हजार यात्रियन के निरस्त करावे के पड़ी टिकट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे कोहरा के चलते सहारनपुर से हो के गुजरे वाली 16 ट्रेन रद्द क देहलें बा। ई ट्रेन एक दिसंबर से 28 फरवरी 2023 ले नाइ चली। एकरे चलते करीब पांच हजार से अधिक यात्रियन टिकट निरस्त करावे के पड़ी। अब एह यात्रियन के दूसरको ट्रेन में विकल्प नइखे मिलत।
रेलवे दिसंबर, जनवरी अउर फरवरी में कोहरा के संभावना के चलते ट्रेन के रद्द कर देहलस। एह बेर सहारनपुर से हो के जाए वाली जनसेवा, शहीद अउर जलियांवाला बाग सहित 16 ट्रेनन के तीन महीना खातिर रद्द कs दिहल गइल बा। एह ट्रेन के निरस्त होखले से यात्री परेशान बानें।
रेलवे अधिकारियन के कहनाम बा कि कोहरा के आशंका के चलते कुछ ट्रेनन के निरस्त कइले बा, जेसे बाकी ट्रेनन के संचालित प्रभावित न होखे। उहवें, यात्रियन के कहनाम बा कि जब ट्रेन के निरस्त करे के होला त चार महीना पहिलही से रिजर्वेशन काहें नाइ बंद कs देनीं। लोग कहीं जाए के पूरा तैयारी क के टिकट करावेने। अचानक ट्रेन निरस्त होखले से उनके परेशानी झेले के पड़sला।

फरवरी ले निरस्त रहे वाली ट्रेन

  • बनमनखी-अमृतसर जनसेवा एक्सप्रेस
  • अमृतसर-बनमनखी जनसेवा एक्सप्रेस
  • बरौनी-अंबाला कैंट एक्सप्रेस
  • अंबाला कैंट-बरौनी एक्सप्रेस
  • अमृतसर-जयनगर शहीद एक्सप्रेस
  • जयनगर-अमृतसर शहीद एक्सप्रेस
  • डिब्रूगढ़-चंडीगढ़ एक्सप्रेस
  • चंडीगढ़-डिब्रूगढ़ एक्सप्रेस
  • टाटानगर-अमृतसर जलियांवाला बाग एक्सप्रेस
  • अमृतसर-टाटानगर जलियांवाला बाग एक्सप्रेस
  • हरिद्वार-मुंबई लोकमान्य तिलक एक्सप्रेस
  • मुंबई से हरिद्वार लोकमान्य तिलक एक्सप्रेस
  • कोलकाता-अमृतसर अकालतख्त एक्सप्रेस
  • अमृतसर-कोलकाता अकालतख्त एक्सप्रेस
  • कोलकाता-अमृतसर दुर्गियाना एक्सप्रेस
  • अमृतसर-कोलकाता दुर्गियाना एक्सप्रेस
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]