[the_ad_group id="30365"]

चुनावी रिजल्ट के दिन सपाट खुलल बाजार, जइसे-जइसे परिणाम आई, ओइसे ओइसे भरी निवेशकन के जेब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लगातार चार दिन के गिरावट के बाद चुनाव परिणाम के दिन बियफे के घरेलू शेयर बाजार हरिहर निशान पर त खुलल लेकिन एमें सपाट ढंग से कारोबार होत दिखल। एह दौरान सेंसेक्स-निफ्टी लाल निशान पर कारोबार करत नजर अइलें। सेंसेक्स में 94 अंक के बढ़त के साथ 62504 अंक के लेवल पर कारोबार के शुरुआत भइल। उहवें, निफ्टी 10 अंक के तेजी के संगे 18570 अंक के स्तर पर खुलल।

शुरुआती ट्रेडिंग सेशन में बाजार में एलएंडटी, महिंद्रा एंड महिंद्रा, आईसीआईसीआई बैंक अउर बजाज फाइनेंशियल सर्विसेज के शेयर में तेजी दिखल। एह दौरान पावर ग्रिड, टीसीएस अउर कोटक महिंद्रा बैंक के शेयर कमजोरी के संगे कारोबार करत दिखलें।

डाॅलर के मुकाबले रुपया 20 पइसा मजबूत

बियफे के रुपया डॉलर के मुकाबले 20 पइसा मजबूती के साथ 82.27 रुपया के स्तर पर खुलल। अजुए गुजरात अउर हिमाचल प्रदेश विधानसभा चुनाव के नतीजा आवे वाला बा। एह पर बाजार के नजर बनल रही। ई देखल दिलचस्प होई कि चुनाव परिणाम के देखत बाजार कौन करवट लेsता। एतना तय बा कि अगर बाजार सकारात्मक रूप से आगे बढ़sता त निवेशकन के बल्ले-बल्ले हाेई। हालांकि फिलहाल बाजार में सपाट ढंग से कारोबार हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]