[the_ad_group id="30365"]

वैश्विक बाजार में गिरावट से दबाव, सेंसेक्स-निफ्टी में 300 अंक के गिरावट दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वैश्विक बाजार में गिरावट से बनल दबाव के चलते सेंसेक्स-निफ्टी में 300 से अधिक अंक के कमजोरी दिख रहल बा। मंगर के शुरुआती कारोबार में दूनों प्रमुख बेंचमार्क लाल निशान पs कारोबार करत दिख रहल बानें। भारतीय बाजार में अमेरिकी बाजार में आइल गिरावट के असर दिख रहल बा। मंगर के दिन सेंसेक्स 439 अंक के गिरावट के संगे 62395 के लेवल पर ओपन भइल। उहवें, निफ्टी में 100 अंक के गिरावट के संगे 18600 पर कारोबार शुरू भइल।

फिलहाल सेंसेक्स 62500 के करीब अउर निफ्टी 18600 के करीब कारोबार करत दिख रहल बा। बाजार में इंडसइंड बैंक, एक्सिस बैंक, बजाज फाइनेंशियल सर्विसेज जइसन स्टॉक्स में तेजी बा। HCL टेक्नोलॉजी, टाटा स्टील, इन्फोसिस, डॉ रेड्डी जइसन शेयर में कमजोरी दिख रहल बा। मंगर के रुपया डॉलर के मुकाबिले 15 पइसा के गिरावट के संगे 81.94 के स्तर पर ओपन भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]