Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

LIC के ‘दादागीरी’ बढ़ल, मार्केट शेयर में आइल 4.48% के बंपर उछाल, निवेश के लिहाज से का करी?

LIC Market Share: लाइफ इंश्योरेंस सेगमेंट में LIC के दादागीरी लगातार बढ़त जा रहल बा। ओकर मार्केट शेयर चालू वित्त वर्ष में 4.48 फीसदी बढ़के 67.73 फीसदी पर पहुंच गइल बा। 

950

LIC Market Share: इंश्योरेंस के दुनिया में लाइफ इंश्योरेंस कॉर्पोरेशन माने LIC के दादागीरी बरकरा बा। इंश्योरेंस रेगुलेटर IRDAI के ताजा रिपोर्ट के मोताबिक, न्यू बिजनेस प्रीमियम के ममिला में नवंबर के अंत में एलआईसी के मार्केट शेयर 67.73 फीसदी रहल। दूसरा नंबर पर प्राइवेट सेक्टर प्लेयर्स रहल। चालू वित्त वर्ष में अब तक एलआईसी के मार्केट शेयर 4.48 फीसदी बढ़ल बा, जबकि प्राइवेट इंश्योरेंस कंपनियन के मार्केट शेयर एतनही घटल बा। मार्च 2022 में लाइफ इंश्योरेंस सेगमेंट में LIC के मार्केट शेयर 63.25 फीसदी रहे जवन नवंबर के अंत में बढ़के 67.73 फीसदी पर पहुंच गइल। ओहिजा, प्राइवेट कंपनियन के मार्केट शेयर 36.75 फीसदी से घटके 32.27 फीसदी पर आ गइल बा।

प्राइवेट कंपनियन में केकर सिक्का जमल बा

प्राइवेट इंश्योरेंस कंपनियन में सबसे बड़ कंट्रीब्यूशन SBI Life के बा। एकरा बाद HDFC Life के नंबर आवत बा। नवंबर के अंत में एसबीआई लाइफ के मार्केट शेयर 7.3 फीसदी रहल। चालू वित्त वर्ष में अब तक ओकर शेयर में 0.80 फीसदी के गिरावट आइल बा। एचडीएफसी लाइफ के मार्केट शेयर 6.66 फीसदी रहल आ एकर हिस्सेदारी में 1.39 फीसदी के गिरावट आइल बा।

निवेशक बहुत जादे खुश नइखे लोग

मार्केट शेयर में LIC के दादागीरी जरूर बा, बाकिर निवेशकन के खुश कर पावे में ई फिसल गइल बा। एह समय एकर शेयर 664 रुपिया के स्तर पर ट्रेड कर रहल बा। 52 हफ्ता के उच्चतम स्तर 949 रुपिया आ न्यूनतम स्तर 588 रुपिया बा। कर मार्केट कैप 4.2 लाख करोड़ रुपिया बा।

ब्रोकरेज के राय का बा?

ब्रोकरेज एह स्टॉक के लेके बुलिश बा आ लमहर अवधि खातिर निवेश के सलाह दे रहल बा लो। ICICI Securities एकरा खातिर टारगेट प्राइस 917 रुपिया के रखल गइल बा। मोतीलाल ओसवाल 870 रुपिया के टारगेट दिहल गइल बा। एमके ग्लोबल एह स्टॉक में होल्ड के रेटिंग दिहल गइल बा आ टारगेट प्राइस 750 रुपिया के दिहल गइल बा।

404580cookie-checkLIC के ‘दादागीरी’ बढ़ल, मार्केट शेयर में आइल 4.48% के बंपर उछाल, निवेश के लिहाज से का करी?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.