Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर शहर के मुख्य आठ रास्ता भइलें सs वन-वे, नियम टुड़ला पर कटी तगड़ा चालान

657
गोरखपुर शहर में आठ सकराह रास्तन पर दूनों तरफ से चार पहिया वाहन के अइले-गइले पर रोक लगा दिहल गइल बा। एह रास्ता पर दिन भर जाम लागत रहे। एसे छुटकारा पावे खातिर बिहाने आठ बजे से रात आठ बजे ले एक तरफ से चार पहिया गाड़ी के गइले पर रोक रही।
एकरे अलावा नो इंट्री के दौरान भारी वाहन के शहर से बाहर खड़ा कइल जाई। एसपी यातायात डॉ. एमपी सिंह बतवलें कि नियमन के अनदेखी करे वालन पर कार्रवाई कइल जाई।

ई रास्ता भइल वन-वे

  • कार्मल स्कूल मोड़ से सिटी माल तिराहे के ओर
  • गोलघर से विजय चौराहा जाए वाला राह।
  • सिविल लाइंस क्षेत्र से आयकर तिराहा।
  • यातायात कार्यालय से गोरखनाथ मंदिर (सुबह 6 से रात 10 बजे ले)।
  • फिराक चौक से बेतियाहाता के ओर।
  • अग्रसेन तिराहा से गांधी गली के ओर
  • पार्क रेजीडेंसी होटल से क्षेत्रीय क्रींडागन के ओर
  • रेलवे बस अड्डा से छात्रसंघ के ओर रोडवेज बस नाइ जइहें।

नो इंट्री के समय इहां ठाढ़ होइहें भारी वाहन

  • कालेसर।
  • नौसढ़।
  • बाघागाड़ा।
  • रामनगर कड़जहां।
  • देवरिया बाइपास।
  • जगदीशपुर कोनी।
  • पादरी बाजार।
  • खजांची चौक।
  • बरगदवां चौराहा।
387230cookie-checkगोरखपुर शहर के मुख्य आठ रास्ता भइलें सs वन-वे, नियम टुड़ला पर कटी तगड़ा चालान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.