[the_ad_group id="30365"]

किसानन के सरकार दिहलस बड़ खुशखबरी, अब खरीफ फसलन के बाजार में मिली ‘ जादा दाम’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

केंद्र सरकार के मंत्रिमंडल खरीफ फसल के एमएसपी बढ़ावे के मंजूरी दे दिहले बिया। सरकार मूंग दाल के सपोर्ट वैल्यू में 10 प्रतिशत के बढ़ोतरी कईले बिया।

केंद्र सरकार के मंत्रिमंडल खरीफ फसल के एमएसपी बढ़ावे के मंजूरी दे दिहले बिया। सरकार मूंग दाल के अधिकतम समर्थन मूल्य में 10 प्रतिशत के बढ़ोतरी कईले बिया। केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल बुधवार के मीडिया से कहले कि कम महंगाई के चलते सरकार किसान के हित में इ फैसला कईले बिया। जबकि धान के एमएसपी 2183 रुपया प्रति क्विंटल तय कईल गईल बा। जबकि जोवर के एमएसपी 3180 रुपया प्रति क्विंटल तय कईल गईल बा।

एकरा अलावे ए ग्रेड के धान के एमएसपी बढ़ा के 2203 रुपया प्रति क्विंटल क दिहल गईल बा। केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल कहले कि, मंत्रिमंडल 2023-24 के मार्केटिंग सीजन खाती खरीफ फसल खाती एमएसपी बढ़ावे के मंजूरी देले बिया। ई कदम किसानन के ओह लोग के उपज के पारिश्रमिक दाम सुनिश्चित करे आ फसल में विविधता ले आवे के प्रोत्साहित करे के बा। बताईं कि एमएसपी किसानन के देश में ओकर उपज के न्यूनतम दाम के गारंटी देत ​​बा।

किसानन खातिर फसल के सुरक्षा के गारंटी जइसन बा। मानल जाता कि एकरा चलते देश के सरकार किसान के आमदनी बढ़ावे के दिशा में कदम उठावेले। बताईं कि केंद्र सरकार फसल साल 2023-24 में तुर, उराद अवुरी मसूर समेत तीन दाल खाती मूल्य समर्थन योजना (पीएसएस) के तहत 40 प्रतिशत खरीद के सीमा हटा देले बिया। सरकार घरेलू उत्पादन बढ़ावे खातीर इ कदम उठवले बिया।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]