[the_ad_group id="30365"]

‘CBI वाला इंजीनियर ना हs लो’, BJP के मांग पs ‍तेजस्वी के तंज, नया सिरा से बनी पुल, कंपनी से होई खर्च के वसूली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव कहलें कि सुल्तानगंज-अगुवानी घाट पुल के ध्वस्त हिस्सा पs खर्च भइल राशि के वसूली संबंधित कंपनी सिंगला से होई। दोषी केहूओ होखे, ओकरा पs कार्रवाई होई।

उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव पत्रकारन से बातचीत में कहलें कि सरकार केहू के बचावे नइखे जा रहल। एह दौरान ऊ भाजपा के एह मांग के खारिज कइलें कि ममिला के जांच सीबीआई से करावल जाये।

IIT रुड़की के रिपोर्ट पs होई कार्रवाई

तेजस्वी के कहनाम रहे- सीबीआई वाला इंजीनियर ना होला लो। जांच सही दिशा में हो रहल बा। आईआईटी रुड़की के जांच रिपोर्ट के प्रतीक्षा हो रहल बा। रिपोर्ट के अनुशंसा के मोताबिक सरकार कार्रवाई करी।

पुल के नया सिरा से होई निर्माण 

तेजस्वी यादव कहलें कि एह पुल के निर्माण नया सिरा से होई। कोसिस होई कि जल्दिये एकर निर्माण होखे, काहेकि ई मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के ड्रीम प्रोजेक्ट हs। मुख्यमंत्री 2014 से एकरा निर्माण में लागल बा लो।

जे दोषी होई, ओकरा पs गिरी गाज

तेजस्वी कहलें कि पहिला नजर में जे अधिकारी दोषी पावल गइल बा लो, ओह लोगन के विरूद्ध कार्रवाई सुरू हो गइल बा। अइसन अधिकारियन के निलंबित कs दिहल गइल बा। कारण बताओ नोटिस जारी कइल गइल बा। अब विस्तृत जांच चल रहल बा। कवनो जिम्मेवार के छोड़ल ना जाई।

ऊ कहलें कि सिंगला के कारण बताओ नोटिस जारी कइल गइल बा। ओह कंपनी के काली सूची में डालल जाई। ओकर आउर कामन के जांच आ समीक्षा होई।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]