[the_ad_group id="30365"]

110 किलोमीटर के रफ्तार से दउड़ी मालगाड़ी, कारखाना में 100 यान तइयार कइले के लक्ष्य

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वोत्तर रेलवे में ऑटोमोबाइल के ढोआई पहिला हाईस्पीड मालगाड़ी तैयार कइल जा रहल बा। पुरान हो चुकल ट्रेन के कोच के उच्चीकृत कs के हाईस्पीड गुड्स वैगन के रूप में तब्दील कइल गइल बा। ई मालगाड़ी 110 किमी प्रति घंटा के रफ्तार से दउड़ी। खास बात ई बा कि एहमें सीधे प्लेटफॉर्म पर वाहन के उतारे के सुविधा बा।

रेलवे बोर्ड पूर्वोत्तर रेलवे के सौ पुरान वैगन के गुड्स हाईस्पीड यान में बदलले के लक्ष्य दिहले बा। रेल प्रशासन 60 यान के गोरखपुर यांत्रिक कारखाना अउर 40 के इज्जतनगर कारखाना में उच्चीकृत करे खातिर बंटले बा। पहिला वैगन यांत्रिक कारखाना में तैयार कs लिहल गइल बा।

उच्चीकृत कइल गइल यान में कई खूबी बा। मसलन, एहमें रैंप अउर स्लाइडिंग डोर लगावल गइल बा ताकि प्लेटफॉर्मवे पs वाहन के आसानी से उतारल जा सके। अभिन ले खाली एक निकास द्वार होत रहे। एकरे अलावा यान में एगो खिड़कियो बनावल गइल बा, एहसे पर्याप्त रोशनियो रही।

दुगुना माल ढोआई के क्षमता

उच्चीकृत कइल गइल वैगन दुगुना माल ले जा पइहें। ऑटोमोबाइल के अलावा अन्य सामान के ढुलाइयो कइल जा सकी।

मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पूर्वोत्तर रेलवे पंकज कुमार सिंह कहनें कि ऑटोमोबाइल के परिवहन खातिर रेलवे द्वारा पुरान अनुपयोगी आईसीएफ कोच के बदल के एनएमजी वैगन बनावल जा रहल बा। पूर्वोत्तर रेलवे के 100 हाई स्पीड एनएमजी वैगन बनावे के बा। इनकर गति सीमा 110 किमी प्रतिघंटा होई, जेसे ऑटोमोबाइल के परिवहन तेज गति से हो सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]