[the_ad_group id="30365"]

प्रयागराज: क्लाइव रोड के नयका नाम अब अतुल माहेश्वरी मार्ग, महापौर आजु करिहें अनावरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिविल लाइंस में क्लाइव रोड के नामकरण अमर उजाला के नींव रखे वाला अतुल माहेश्वरी के नाम पर कs दिहल गइल बा। बियफे के महापौर अभिलाषा गुप्ता नंदी एह रास्ता के नयका नामकरण वाला स्टील फ्रेमिंग रेडियम बोर्ड के अनावरण करिहें। देर रात बोर्ड लगवले के सथही एकरे खातिर तैयारी पूरा कs लीहल गइल।

नगर निगम के नामकरण समिति के ओर से क्लाइव रोड के नाम बदल के अतुल माहेश्वरी मार्ग करे के प्रस्ताव सदन पटल पर रखल गइल रहे जेके सदन में चर्चा के बाद ध्वनिमत से पारित कs दिहल गइल। नगर निगम के अभियंता के टीम सिविल लाइंस में एक्सिस बैंक तिराहा से कानपुर रोड से लिंक एह मार्ग के नयका नामकरण के स्टील फ्रेमिंग बोर्ड बुध के साँझ के ही नगर निगम लगवा दिहले रहल।

बियफे के एगो सादा समारोह में एह मार्ग के लोकार्पण कइल जाई। महापौर अभिलाषा गुप्ता नंदी दूपहर एक बजे अतुल माहेश्वरी मार्ग के लोकार्पण करिहें। शहर के व्यापारी, शिक्षाविद्, डॉक्टर के अलावा, रंगकर्मी अउर सामाजिक कार्यकर्ता लोग एह लोकार्पण समारोह में मौजूद रहिहें। हालही में ‘प्रयागराज विकास प्राधिकरण’ के ओर से एह रास्ता के चौड़ीकरण अउर सौंदर्यीकरण करावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]