Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

RJD विधायक सुधाकर सिंह अपने सरकार के घेरलें, बोललें- शराबबंदी खाली कागजन में बा, हकीकत कुछ आउरे बा..

266

RJD विधायक सुधाकर सिंह शराबबंदी पर अपनही सरकार के घेरले बाड़ें। छपरा में जहरीली शराब से मौत के ममिला में राज्य सरकार पर तीख हमला करत कहलें कि शराबबंदी खाली कागजन में बा, हकीकत कुछ अउरिये बा। सत्ता के लोग पार्टी फंडिंग आ अपना लाभ खातिर शराबबंदी फेल करा रहल बा। सुधाकर सिंह शराबबंदी पर बड़ प्रश्वचिन्ह लगावत कहलें कि बिहार में शराबबंदी जइसन कवनो चीज हइये नइखे। शराब हर शहर घर गांव में सब जगह मिल रहल बा। ऊ कहलें कि शराब के अलावहु कवनो खाये-पीये के चीज पर प्रतिबंध लगावल मानसिक दिवालियापन बा।

कांग्रेस नेता उठवले रहस सवाल

पिछला दिनन कांग्रेस विधायक दल के नेता अजीत शर्मा के द्वारा राज्य शराबबंदी के लेके तीख बयान दिहल गइल रहे। अजीत शर्मा कहलें कि शराबबंदी के बादो शराब हर जगह मिल रहल बा। एकरा खातिर सीधा रुप में राज्य सरकार के अधिकारी जिम्मेदार बा लोग। ऊ आरोप लगवले बाड़ें कि राज्य सरकार के अधिकारी शराब तस्करन से मिलल बा लोग। ऊ नीतीश कुमार के हिदायत देले रहस कि जदि राज्य में शराबबंदी सही से लागू नइखे हो पावत तs ओकरा के खतम करे पर विचार करे के चाहीं।अजीत शर्मा बतवले रहस कि राज्य में शराबबंदी से करीब 10 हजार करोड़ के नुकसान बा।

बीजेपी के हमला के जवाब देवे में जुटल जदयू

विधानसभा में जहरीली शराब से मौत के ममिला में हमलावर भइल बीजेपी के जवाब देवे में जदयू जूट गइल बिया। ओहिजा, बतावल जा रहल बा कि मंगर के महागठबंधन के बइठक में नीतीश कुमार महागठबंधन के नेता लोगन के द्वारा शराबबंदी पर सवाल उठावे के लेके नाराजगी जाहिर कइले रहस। ऊ कहले रहस कि जब बिहार में शराबबंदी लागू भइल तब कांग्रेस के नेता लोग एह विभाग के मंत्री रहस। सब दलन के राय आ सहमति से शराबबंदी लागू भइल बा। ऊ कहलें कि शराबबंदी पर बयानबाजी ना होखे के चाहीं।

409860cookie-checkRJD विधायक सुधाकर सिंह अपने सरकार के घेरलें, बोललें- शराबबंदी खाली कागजन में बा, हकीकत कुछ आउरे बा..

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.