[the_ad_group id="30365"]

लंदन से दिल्ली आवत फ्लाइट, बीचे में पायलट कहलस इ बात, सुनत यात्रियन के उड़ल होश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लंदन से दिल्ली आवत एयर इंडिया के फ्लाइट के यात्री जब पायलट कहले – हमार ड्यूटी अब खतम हो गईल त चौंक गईले। एयर इंडिया के एगो फ्लाइट के पायलट खराब मौसम के चलते जयपुर हवाई अड्डा पs इमरजेंसी लैंडिंग कईला के बाद अवुरी उड़ान भरला से इनकार क देले। एकरा चलते करीब 350 यात्री करीब तीन घंटा तक फंसल रहले, जवना के चलते अंत में दिल्ली पहुंचे के वैकल्पिक व्यवस्था करे के पड़ल।

पायलट कहले – हमनी के ड्यूटी अब खतम हो गईल बा

जानकारी के मुताबिक एआई-112 के उड़ान रविवार के सबेरे चार बजे दिल्ली पहुंचे के रहे, लेकिन दिल्ली के आसपास के हवाई क्षेत्र में मौसम के खराब हालत के चलते एकरा के जयपुर के ओर मोड़ दिहल गईल। उल्लेखनीय बा कि दिल्ली जाए वाली उड़ान के यात्रा फेर से शुरू करे के मंजूरी मिल गईल रहे, लेकिन पायलट ‘हमार ड्यूटी के समय खतम हो गईल’ कहत उड़ान भरला से इनकार क देले।

यात्री साझा कइले वीडियो

एहमें से एगो यात्री, जेकर नाम अदित ह, ट्विटर पs साझा कईले कि यात्री के केतना परेशानी के सामना करे के पड़ता, काहेंकी उनुका के ‘अंतिम मंजिल तक पहुंचे खातीर कवनो मदद ना दिहल गईल’। उ एयरलाइन चाहे हवाई अड्डा के अधिकारी के मदद ना मिले के शिकायत कईले।

एयर इंडिया जवाब दिहलस

ए ट्वीट के बाद एयर इंडिया जवाब देत कहलस कि ओकर टीम यात्री के कम से कम असुविधा देवे खातीर आपन पूरा कोशिश करतिया। “कृपया झूठा वादा कइल बंद कर दीं!” अदित ए ट्वीट के जवाब देले।

जयपुर हवाई अड्डा के कर्मचारी हमनी के कवनो मदद देवे में सहयोग नईखन करत। उ लोग जवन समाधान सभ यात्री के कोच से दिल्ली जाए खातीर देले बाड़े, उ बिल्कुल निंदनीय अवुरी हास्यास्पद बा।’

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]