[the_ad_group id="30365"]

हिमाचल प्रदेश में अचानक आईल बाढ़ से हाईवे पs लागल 15 किमी लंबा जाम, रात सड़क पs गुजरले 200 पर्यटकन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

15 किमी लंबा ट्रैफिक जाम, होटल में कमरा ना आ एकरा से भी बुरा बात ई बा कि केहू के पता नइखे कि कतना देर इंतजार करे के पड़ी…हिमाचल प्रदेश के मंडी आ कुल्लू के जोड़े वाला राष्ट्रीय राजमार्ग पs फंसल 200 लोग के हालत इहे बा। एहमें से अधिकतर लोग पर्यटक ह। अतवार के साँझ अचानक आइल बाढ़ के चलते राष्ट्रीय राजमार्ग के ई इलाका जाम हो गइल बा। समाचार एजेंसी पीटीआई अधिकारी लोग के हवाला से कहलस कि सड़क के जाम करे वाला भारी पत्थर के विस्फोटक के मदद से हटावल जाता, लेकिन एकरा में भी सात से आठ घंटा लागी। एही बीच ओहिजा फंसल लोग के हालत खराब होखत जात बा।

मंडी अवुरी सुंदरनगर के बीच बहुत जगह पs भूस्खलन भईल बा। रात के दस बजे के करीब पुलिस हमनी के रोक के वापस आवे के कहलस। लेकिन हम लगभग 15 किलोमीटर लंबा जाम में फंस गईल बानी। एह हालात खातिर कवनो पर्यटक तइयार ना रहुवे। एहमें से कुछ परिवार अपना ठहरला खातिर पूरा बस बुक करवले बाड़े त कुछ ढाबा का बगल में बइठल बाड़े। लाखों प्रयास के बावजूद होटल में केहु के कमरा नईखे मिलत। सब अपना लइकन खातिर चिंतित बाड़े।

सड़क पs लगभग 500 गाड़ी फंस गईं

ए इलाका में बहुत बिजली परियोजना अवुरी पर्यटन स्थल बा, लेकिन कवनो वैकल्पिक सड़क नईखे। अतवार के साँझ पाँच बजे से ई राजमार्ग बंद बा। यूसुफ के मुताबिक, पुलिस तक उनुका के एकरा बारे में पहिले से जानकारी ना देले रहे। सड़क जाम के बारे में पुलिस के जानकारी देवे के कुछ इंतजाम होखे के चाहत रहे। दुनो पर्यटक बतवले कि उ लोग खुद मंडी में रात बितवले बाड़े अवुरी अब फेर से कुल्लू के ओर जात बाड़े।

जानकारी के मुताबिक ए सड़क पs करीब 500 गाड़ी फंसल बाड़ी, उ लोग पूरा रात सड़क पs बितवले बाड़े। परेशानी ई बा कि स्थानीय मौसम विभाग अगिला दू दिन ले भारी बरखा आ गरज के चेतावनी जारी कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]