Gorakhpur Weather: गोरखपुर में मानसून देलस दस्तक, आजु बा बारिश के आसार

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 27, 2023

    सोमवार के साँझ पूर्वी यूपी में मानसून आ गइल। बूंदाबांदी अवुरी मानसून के हवा के चलते जिला के नम गरमी से लोग के कुछ राहत मिलल। हालांकि सोमवार के दिन में तपत धूप

Share

 

 

सोमवार के साँझ पूर्वी यूपी में मानसून आ गइल। बूंदाबांदी अवुरी मानसून के हवा के चलते जिला के नम गरमी से लोग के कुछ राहत मिलल। हालांकि सोमवार के दिन में तपत धूप के चलते नम गरमी से लोग परेशान रहले।

मौसम विभाग के मुताबिक मंगर के भी बरखा के संभावना बा। आम तौर पs 19-20 जून ले पूर्वांचल में मानसून आवेला। अबकी बेर मानसून करीब सात दिन देरी से आवता।

मौसम विभाग बतवले कि मानसून के हवा पूर्वांचल पहुंच गईल बा। एह हवा के संगे-संगे करिया बादल भी पूर्वी यूपी के ओर बढ़ल बा। अगिला 24 घंटा में बरखा होखे के अनेसा बा।

 

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.