Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साल 2023 के पहिला सूर्यग्रहण ऑस्ट्रेलिया में देखाई देलस, जानीं कि कवना देश में ई देखाई दिही?

ई सूर्यग्रहण कंबोडिया, चीन, मलेशिया, फिजी, जापान, थाईलैंड, अंटार्कटिका, न्यूजीलैंड, इंडोनेशिया, फिलीपींस, सोलोमन, बरूनी, सिंगापुर, दक्षिण हिंद महासागर आ एह इलाका में आवे वाला द्वीप आ देस सभ में लउकी।

111

सूर्यग्रहण : साल 2023 के पहिला सूर्यग्रहण भइल बा। आस्ट्रेलिया में ई सूर्यग्रहण लउके लागल बा। सुदूर पूर्व के बहुत देश में देखाई दिही, लेकिन भारत में ना देखाई दिही। ई सूर्यग्रहण , कंबोडिया, चीन, मलेशिया, फिजी, जापान, थाईलैंड, अंटार्कटिका, न्यूजीलैंड, इंडोनेशिया, फिलीपींस, सोलोमन, बरूनी, सिंगापुर, दक्षिण हिंद महासागर आ एह इलाका में आवे वाला द्वीप आ देस सभ में लउकी।

 

का भारत में ग्रहण देखाई दिही?

भारत में ई सूर्यग्रहण ना लउकी। बाकिर दक्षिण पूर्व एशियाई देश आ अंटार्कटिका समेत दक्षिण भारतीय प्रशांत क्षेत्र में आवे वाला कई देशन में ई लउकी। सूर्यग्रहण के सुतक अवधि 12 घंटा पहिले शुरू हो गईल बा। ज्योतिष में ग्रहण के अशुभ घटना में गिनल जाला। एही कारण से ग्रहण के समय शुभ काम आ पूजा पे रोक बा। चुकी इ सूर्यग्रहण भारत में ना लउकी एहसे एकर सूतक काल मान्य ना होई।

 

कब तक सूर्यग्रहण देखाई दिही?

अगर भारतीय समय के हिसाब से देखल जाव त साल के पहिला सूर्यग्रहण 20 अप्रैल 2023 के सुबह 7.04 बजे से शुरू हो गईल बा। दुपहरिया 12.29 बजे ले चली। यानी कुल अवधि 5 घंटा 24 मिनट के होई।

522360cookie-checkसाल 2023 के पहिला सूर्यग्रहण ऑस्ट्रेलिया में देखाई देलस, जानीं कि कवना देश में ई देखाई दिही?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.