Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अप्रिल के तीसरका हफ्ता में 10 गुना कोरोना केस बढ़ल: 24 घंटा में मिलल 133 नया मरीज; बिहार में एक्टिव मरीजन के संख्या 784 भइल

136

बिहार में कोरोना तेजी से गोड़ पसार रहल बा। इहां अप्रिल महीना के दूसरका हफ्ता माने 8 अप्रिल से लेके 14 अप्रिल तक कोरोना के 387 नया ममिला सामने आइल रहे। ओहिजा, तीसरका हफ्ता माने 15 अप्रिल से 21 अप्रिल के बीच कोरोना के कुल 900 ममिला सामने आ चुकल बा। पहिला हफ्ता खाली 86 संक्रमित मिलल रहे लो। माने अप्रिल के तीसरका हफ्ता में केस 10 गुना केस बढ़ गइल रहे।

बीतल 24 घंटा में प्रदेश में कुल 133 नया संक्रमित मरीज मिलल बा लो। एमे से 52 ममिला पटना के बा। भागलपुर से 15 आ खगड़िया के 10 मरीज। कुल एक्टिव मरीजन के संख्या 784 हो गइल बा। ओहिजा, पटना में सक्रिय मरीजन के संख्या 390 हो गइल बा। जबकि मुंगेर में 48, पूर्णिया में 40, भागलपुर में 34 आ मुजफ्फरपुर में 32 एक्टिव केस बा।

बीतल 24 घंटा में मिलल 52 नया मरीज

पटना में बीतल 24 घंटा में कोरोना के 52 नया मरीज मिलल बा। एकरा बाद कोरोना एक्टिव संक्रमित मरीजन के संख्या बढ़के अब 390 पहुंच गइल बा। PMCJ के पल्मोनोलॉजिस्ट डॉ. बीके चौधरी के कहनाम बा कि कोरोना के बढ़त ट्रेंड के देखत प्रोटोकॉल के पालन कइल जरूरी हो गइल बा।

कोरोना के लक्षण मिलला पs जांच जरूर करा लेवे के चाहीं। जांच के सुविधा सब सरकारी अस्पतालन में निःशुल्क बा। पिछला 24 घंटा में कुल 49 हजार लोगन के कोरोना जांच भइल बा आ कुल 15 नया मरीज भर्ती भइल रहे। एकरा बाद कुल भर्ती मरीजन के संख्या बढ़के 40 पहुंच गइल बा।

पिछला एक हफ्ता में मिलले 900 मरीज

तीसरा हफ्ता में मरीजन के संख्या

21 अप्रिल के 133 मरीज, 20 अप्रिल के 139 मरीज, 19 अप्रिल के 138, 18 अप्रिल के 135, 17 अप्रिल के 87, 16 अप्रिल के 137, 15 अप्रिल के 129 मरीज मिलल लो। कुल 900 मरीज।

दूसरका हफ्ता में मरीजन के संख्या

14 अप्रिल के 91, 13 अप्रिल के 61, 12 अप्रिल के 57, 11 अप्रिल के 52, 10 अप्रिल के 38, 09 अप्रिल के 42 आ 08 अप्रिल के 46 मरीज मिलल लो। कुल 387 मरीज।

पहिला हफ्ता में मरीजन के संख्या

1 अप्रिल के 8 मरीज, 2 अप्रिल के 12 मरीज, 3 अप्रिल के 13 मरीज, 4 अप्रिल के 7 मरीज, 5 अप्रिल के 18 मरीज, 6 अप्रिल के 12 मरीज आ 7 अप्रिल के 16 मरीज। कुल 86 मरीज।

नियम के पालन जरूर करीं

स्वास्थ्य विभाग के ओर से एक बेर फेर से लोगन से ई अपील कइल गइल बा कि कोरोना से बचे खातिर नियमन के पालन जरूर करीं। स्वास्थ्य विभाग मरीजन के बढ़ती संख्या के देखत अस्पतालन के पूरा तरीका से तइयार रहे के कह दिहल गइल बा।

विशेष कs के जांच में तेजी ले आवे के निरदेस दिहल गइल बा। स्वास्थ विभाग के आदेस बा कि बिना मास्क सरकारी अस्पतालन में प्रवेश ना, कोरोना बचाव के सब नियमन के पालन, बेड आ ऑक्सीजन प्लांट समेत सब तइयारी रखे  अस्पताल।

525280cookie-checkअप्रिल के तीसरका हफ्ता में 10 गुना कोरोना केस बढ़ल: 24 घंटा में मिलल 133 नया मरीज; बिहार में एक्टिव मरीजन के संख्या 784 भइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.