[the_ad_group id="30365"]

Bihar: भ्रष्टाचार के आरोप में घिरल पूर्व एसएसपी आदित्य कुमार आ पूर्व एसएसपी दयाशंकर के निलंबन फेर 6 महीना बढ़ल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भ्रष्टाचार के आरोपन में घिरल पूर्णिया के पूर्व एसएसपी दयाशंकर आ गया के पूर्व एसएसपी आदित्य कुमार के निलंबन अवधि फेर बढ़ा दिहल गइल बा। दुनो आइपीएस अफसरन के निलंबन अवधि एही महीना 15 अप्रिल के समाप्त होत रहे जवना के वापस 180 दिनन खातिर बढ़ाके 12 अक्टूबर कs दिहल गइल बा।

एकरा के लेके गृह विभाग संकल्प जारी कs देले बा। 2014 बैच के आइपीएस अधिकारी दयाशंकर के विरुद्ध विशेष निगरानी इकाई के टीम आय से अधिक संपत्ति ममिला में जांच कर रहल बिया।

ओहिजा, 2011 बैच के आइपीएस अधिकारी आदित्य कुमार पs डीजीपी के फर्जी काल करावे के आरोप बा। उनका विरुद्ध लागल आरोपन के जांच आर्थिक अपराध इकाई के टीम कर रहल बिया। एह ममिला में लमहर समय से ऊ फरार बाड़ें।

निलंबन समीक्षा समिति के बैठक में कई पावल गइल कि निलंबन हटावल गइला से अफसरन के द्वारा साक्ष्यन से छेड़छाड़ कइल गइला आ जांच प्रक्रिया के प्रभावित कइल गइला के संभावना बा, एहिसे निलंबन अवधि बढ़ावल गइल बा।

डीआइजी शफीउल हक के गंभीर बेमारी, निलंबन से राहत

भ्रष्टाचार के आरोपन में निलंबित मुंगेर के पूर्व डीआइजी मो. शफीउल हक के गृह विभाग निलंबन से मुक्त कs देले बा।शफीउल हक गंभीर बीमारी से पीड़ित बाड़ें। ऊ अपना आवेदन में बतवलें कि तनाव आ शर्मिंदगी के कारण ऊ गलत चल गइलें आ गंभीर बीमारी के शिकार हो गइलें। निलंबन अवधि में बिल निकाले तक में दिक्कत हो रहल बा। एकरा बाद निलंबन समीक्षा समिति शफीउल हक के निलंबन मुक्त करे के अनुशंसा कs देलस।

उनका के पुलिस मुख्यालय में पदस्थापन के प्रतीक्षा में जोगदान करे के निरदेस दिहल गइल बा। मालूम होखे कि शफीउल हक के दारोगा आ आउर निजी व्यक्ति के माध्यम से मुंगेर के कनीय पुलिस पदाधिकारियन से अवैध राशि उगाही करे के आरोप में निलंबित कइल गइल रहे। ऊ एक दिसंबर, 2021 से निलंबित रहस।

डीएसपी अरशद जमां आ सोमेश के मिलल दंड

गृह विभाग डीएसपी अरशद जमां के पेंशन से दस बरिसन तक 90 प्रतिशत अंश के कटौती करे के दंड देले बा। एकरा अलावे डीएसपी सोमेश कुमार के निलंबन से मुक्त करत पांच वेतन बढ़न्ती पs रोक के दंड दिहल गइल बा। एकरा अलावे निंदन के दंड आरोप वर्ष से प्रभावित कइल गइल बा। गृह विभाग एकरा से जुड़ल आदेस जारी कs देले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]