[the_ad_group id="30365"]

नीलांचल एक्सप्रेस में जान गंवावे वाला यात्री के परिवार के मिली पांच लाख रुपिया के मुआवजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली: रेलमंत्री अश्विनी वैष्णव नीलांचल एक्सप्रेस हादसा में जान गंवावे वाला यात्री हरिकेश कुमार दुबे के परिवार के पांच लाख रुपिया मुआवजा देवे के घोषणा कइले बाड़ें। दिल्ली से सुल्तानपुर खातिर नीलांचल एक्सप्रेस में यात्रा कर रहल हरिकेश के मौत लोहा के सरिया घुसला से हो गइल रहे।
ई हादसा दिल्ली-हावड़ा रेलवे ट्रैक पs सोमना आ डांवर रेलवे स्टेशन के बीच भइल रहे। हरिकेश जनरल कोच में सफर करत रहे। एह हादसा के बाद परिजन लोग रेलवे के लापरवाही पर रोष व्यक्त कइले रहे। हरिकेश के परिवार सनीचर के सबेरे पोस्टमार्टम हाउस पर पहुंचल रहे। उहां रेलवे के अधिकाऋ लोग हजार के अनुग्रह राशि देवे के कोसिस कइल। परिवार बिना पईसा लेले बेटा के शव लेले वापस लवट गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]