Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Clean Air Survey: यूपी के लखनऊ शहर के हवा सबसे साफ, स्वच्छ वायु सर्वे में मिलल पहिला स्थान

358

Clean Air Survey: लखनऊ के ‘स्वच्छ वायु सर्वेक्षण’ के राष्ट्रीय रैंकिंग में ‘नंबर 1 शहर’ घोषित कइल गइल गइल बा आ ओकरा प्रशस्ति पत्र के संगे 1.50 करोड़ रुपिया के पुरस्कार मिलल बा।

महापौर संयुक्ता भाटिया आ नगरपालिका आयुक्त इंद्रजीत सिंह सनीचर के भुवनेश्वर में पर्यावरण आ वन राज्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे अउरी महानिदेशक पर्यावरण चंद्र प्रकाश गोयल से पुरस्कार प्राप्त कइल लोग।

महापौर भाटिया कहली, पांच बरिसन से लखनऊ में पर्यावरण में सुधार के कोसिस कइल जात रहे। लखनऊ नगर निगम (एलएमसी) हवा के गुणवत्ता में सुधार खातिर लालबाग में अपना मुख्यालय के सोझा कृत्रिम फेफड़ा स्थापित कइले रहस, ताकि प्रदूषण से बचल जा सके। एलएमसी वायु गुणवत्ता में सुधार खातिर 15वां वित्त आयोग से नौ रोड-स्वीपिंग मशीन, आठ एंटी-स्मोक गन आ 40 पानी छिड़कने वाली मशीनन के किनलस।

अटल उदय वन में लाखन पौधन के रोपल गइल आ लाखन पौधन के जगह-जगह कइयन गो उद्यान बनाके लगावल गइल। पांच साल में 1500 से ज्यादा पार्कन के सौंदर्यीकरण कइल गइल आ हरियाली कइल गइल। एकरा अलावे एलएमसी द्वारा वायु गुणवत्ता में कइल जाये वाला सबसे महत्वपूर्ण काम शहर के अलग-अलग जगहन पर वायु गुणवत्ता निगरानी स्टेशनन के निर्माण बा, जवना कारण चौबीसों घंटा वायु गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) के निगरानी कइल जा रहल बा। एकरा संगही गिरत एक्यूआई के सुधारे खातिर एलएमसी शहर में 20 करोड़ रुपिया के लागत से 22 जगहन पर एयर प्यूरिफायर लगवले बा।

भाटिया कहली, ”लखनऊ के निवासियन के साफ-सफाई आ स्वास्थ्य के खेयाल रखल हमार पहिला प्राथमिकता रहल बा। हम शहरवासियन से लखनऊ के नंबर वन शहर बनावे के वादा कइले रहनी। स्वच्छ वायु सर्वेक्षण 2022 में आज लखनऊ नंबर वन बन गइल बा।” हम जनता से कइल गइल वादन के पूरा करे में सफल रहल बानी। एह रैंकिंग से लखनऊवासियन के ‘ईज ऑफ लिविंग स्टैंडर्ड’ बढ़ी आ हम एकरा के आउर बेहतर करे के कोसिस करेम।

401040cookie-checkClean Air Survey: यूपी के लखनऊ शहर के हवा सबसे साफ, स्वच्छ वायु सर्वे में मिलल पहिला स्थान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.