[the_ad_group id="30365"]

पुस्तक मेला में नवहन के खूब भा रहल बाड़े प्रेमचंद से लेके शरतचंद जइसन लेखक, चरचा में रहल लवर्स रिटर्न

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना पुस्तक मेला ( Patna book fair) के दूसका दिन सनीचर के बड़ी संख्या में पुस्तक प्रेमियन के भीड़ मेला में पहुंचल। करीब तीन बरिस बाद पटना पुस्तक मेला के शहर में फेर से पाके लोग उत्साहित रहे।

पुस्तक मेला में देस के कइयन गो बड़ प्रकाशन मवजूद बा। स्टॉलन पs प्रेमचदं से लेके शरतचंद आ निराला जइसाlन लेखक अबकियो बेर खूब पसंद कइल जा रहल बा लो। जुवा वर्ग एह पुरान लेखकन के खासतौर से पसंद कर रहल बा। एकरा संगही पुस्तक मेला में प्रतियोगी परीक्षन के पुस्तकन के खूब किनल जा रहल बा। मेला में सांस्कृतिक कार्यक्रम बहुते लोकप्रिय हो रहल बा।  ओहि जा खान पान के स्टॉलन पर खूब भीड़ लाग रहल बा।

लवर्स रिटर्न में दिखल प्रेमियन के कहानी

पुस्तक मेला में नुक्कड़ नाटक लवर्स रिटर्न के पेश कs के कलाकार लोग दर्शकन के भरपूर मनोरंजन कइल लो। हरिशंकर परसाई के लिखल एह नाटक में प्रेमियन के कहानी दिखावल गइल। क्रिएशन संस्था के ओर से भइल एह नाटक के कहानी अइसन दु प्रेमियन के इर्द-गिर्द घूमत जवन समाज के बंधनन से मुक्त होके प्रेम करत बा लो। बाकिर यहां सामाज द्वारा लगावल जा रहल तमाम बन्धनन के कारण ऊ सोचत बा लो कि मरला के बाद स्वर्ग में मुक्त रूप से प्यार कइल जा सकी।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]