[the_ad_group id="30365"]

नमक ले के जात रहल मालगाड़ी के इंजन अउर वैगन पटरी से उतरल, परिचालन ठप, बड़ हादसा भइले से बचल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चोपन-गढ़वा रेल रूट पर दुद्धी रेलवे स्टेशन के लग्गे बुध के बिहाने अप लाइन पर रेनुकूट जात मालगाड़ी पटरी से उतर गइल। पूर्वी होम के लग्गे दू इंजन के संगे एगो वैगन बेपटरी होखले से रेल मार्ग पs परिचालन ठप हो गइल। संजोग रहल कि मालगाड़ी के गति मद्धिम रहल। एसे बड़ हादसा भइले से बच गइल। मालगाड़ी बेपटरी भइले के सूचना पs रेनुकूट, चोपन अउर गढ़वा से रेलवे के अधिकारी मौका पर पहुंचलें।

नमक ले के जात 58 वैगन के मालगाड़ी गढ़वा रोड से रेनुकूट खातिर निकलल। बिहाने 5.55 बजे दुद्धी नगर स्टेशन के पूर्वी होम पर पहुंचले पs दू इंजन के संगे पहिला बोगी पटरी से उतर गइल। ट्रेन के रफ्तार कम रहले के चलते बड़ हादसा होत-होत बच गइल।

चालक अउर गार्ड डिरेल इंजन से नीचे के स्थिति देख के हक्का-बक्का हो गइले। घटना के जानकारी तत्काल कंट्रोल रूम के दिहलें। मालगाड़ी बेपटरी होखले के सूचना मिलतही अधिकारियन में अफरातफरी मच गइल। मौका पर पहुंचे स्टेशन अधीक्षक एके सिन्हा बतवलें कि स्टेशन के पूर्वी होम में मालगाड़ी डिरेल होखले से ट्रैक के संचालन बाधित हो गइल रहे।

मेराल से इंजन मंगा के 58 वैगन के मालगाड़ी के महुअरिया स्टेशन पर खड़ा करा दिहल गइल रहे। फिलहाल रेल मार्ग के सुचारू रूप से बहाल कs दिहल गइल बा। डिरेल पटरी के दुरुस्त कइले में करीब पांच से छह घंटा लाग सकsता। काम तेजी से कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]