[the_ad_group id="30365"]

नोएडा एक्सप्रेस वे पs कोहरा में हादसा, गहिराह खाई में गिरल बस, एक जनी के मौत; कई लोग घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के गौतम बुद्ध नगर जिला के दनकौर थाना इलाका में मंगर के भोरे कोहरा के वजह से एक बस आगे चल रहल कंटेनर में घुस गइल। हादसा में दू दर्जन लोग के घायल होखले के खबर बा। जबकि एक यात्री के मौत हो गइल बा। मौका पर पहुंचल पुलिस बस में फंसल यात्रियन के बहरा निकललस।

जानकारी के अनुसार, ग्रेटर नोएडा में घन कोहरा के वजह से गलगोटिया यूनिवर्सिटी के लग्गे एक्सप्रेस वे पs एगो बस कंटेनर के पीछे चलत रहे। कंटेनर चालक अचानक ब्रेक लगा दिहलें। एकरे चलते बस ग्रिल तूड़त 30 से 40 फीट गहिराह खाई में पहुंच गइल। हादसा में दू दर्जन लोग घाही हो गइलें। एहमें एक जनी के मौत हो गइल।

गौतम बुद्ध नगर पुलिस के अनुसार, बस में 60 यात्री सवार रहनें। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। पुलिस मामिला के जानकारी में जुटल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]