[the_ad_group id="30365"]

घन कोहरा के चलते गोरखपुर अउर महराजगंज में सड़क हादसा, 20 लोग घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में पहिले दिन कोहरा के असर दिखे लागल बा। इहां बाघागाढ़ा अउर टोलप्लाजा के बीच एगो सड़क हादसा हो गइल। एह हादसा में 16 लोग घाही हो गइलें। जिनके इलाज खातिर नजदीकी अस्पताल पहुंचावल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि एगो निजी बस दिल्ली से मुजफ्फरपुर बिहार जात रहे। ढ़ेर कोहरा होखले के चलते बस एगो ट्रक से भिड़ गइल। ई घटना गोरखपुर जिला के बाघागाढ़ा अउर टोलप्लाजा के बीच भइल बा। एह घटना में 16 लोग के चोट लागल बा। गनीमत रहल कि एह हादसा में केहू के गंभीर चोट नइखे आइल।

उहवें सोनौली कोतवाली क्षेत्र गोरखपुर सोनौली नेशनल हाइवे पs कुंसेरवा के टैंकर अउर बस में टक्कर हो गइल, जेमें चार लोग घाही हो गइलें। बस में लोग नाइ रहल। ऊ खाली बस सोनौली से बनारस जात रहे।

जानकारी के अनुसार, बनारस से सोनौली पर्यटक लोग के छोड़ के बस बुध बिहाने आठ बजे लौटत रहल। कुंसेरवा के लग्गे बस अउर नेपाल जात टैंकर के बीच आमने-सामने के टक्कर होखले से दूनों वाहन के चालक अउर क्लीनर घाही हो गइलें। मौका पर पहुंचल पुलिस करीब एक घंटा के कोशिश के बाद बस चालक के दरवाजा काट के बाहर निकललस।

प्रभारी कोतवाल अभिषेक सिंह बतवलें कि बस पर्यटक के छोड़ के लौटत रहे। बड़ घटना होखले से बच गइल। घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]