[the_ad_group id="30365"]

बुजुर्ग जीउत लेखपाल के घूस देवे खातिर बेचल चाहत रहनें अंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुशीनगर के दुदही में लेखपाल के घूस देवे खातिर पीड़ित बुजुर्ग आपन शरीर के कीमती अंग बेचे के इच्छा जाहिर करत हाईकोर्ट के जज, मुख्यमंत्री सहित अन्य लोग के पत्र भेज के अनुमति मंगले रहने। डीएम मामला को संज्ञान में ले के तहसीलदार के कार्रवाई के कारवाही करे के निर्देश दिहले रहने। शुक्क के साँझ के राजस्व विभाग के टीम के साथ मौका पs पहुंचकर तहसीलदार जमीन पैमाइश कs के पीड़ित के कब्जा दियवलें।

करीब 30 वर्ष पहिले जंगल पचरुखिया निवासी जीउत पत्नी के नसबंदी करवले रहनें। जीउत के मुताबिक ऑपरेशन के दौरान पत्नी के मौत हो गइल रहे। एकरे बदले प्रशासन उनके आवास अउर कृषि योग्य भूमि कद पट्टा दिहलें रहल।

पीड़ित के आवास अब ले नाइ मिलल बा। जबकि पट्टे में मिलल कृषि योग्य भूमि पर गांव के कुछ लोग कब्जा कs लिहले रहल। डीएम के आदेश के बावजूद उनके कब्जा नाइ मिल पावत रहल। पीड़ित आरोप लगवले रहने कि जमीन पs कब्जा दियावे खातिर लेखपाल घूस मांगत रहने। सदर तहसीलदार सुमित सिंह बतवलें कि पीड़ित के मिलल पट्टा के जमीन के पैमाइश कइल गइल बा। इहाँ कुछ भूमि खाली पड़ल रहल जेपर कब्जा दे दिहल गइल रहे। बाकी जमीन पs कुछ लोग के कब्जा बा। कब्जाधारियन के नोटिस दे के एक सप्ताह के भीतर खाली करे के आदेश देहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]