[the_ad_group id="30365"]

गृहमंत्री अमित शाह के सुरक्षा में चूक से हड़कंप, टीआरएस नेता काफिला के आगे ठाढ़ कs दीहलें कार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के सुरक्षा में एक बेर फिर से चूक के मामला सोझे आइल बा। तेलंगाना मुक्ति दिवस के मौका पs हैदराबाद पहुंचल अमित शाह के काफिला के सोझे अब टीआरएस नेता के कार अइले से हड़कंप मच गइल। एकरे बाद आनन-फानन सुरक्षाकर्मी लोग उनकर कार के काफिला के आगे से हटववलें।

दरअसल, गृह मंत्री शुक्रवार देर रात हैरदाबाद पहुंचल रहनें। मुक्ति दिवस के उपलक्ष्य में ऊ आजु कई कार्यक्रम में शिरकत करत रहनें। एही दौरान शाह के काफिला के आगे टीआरएस नेता गोसुला श्रीनिवास अपने कार ठाढ़ कs देहलें। एहसे सुरक्षाकर्मी हैरान रह गइलें। हालांकि, उ तुरंत सतर्क होत कार के उहां से हटववलें।

कार में तोड़फोड़ के आरोप

उहवें टीआरएस नेता गोसुला श्रीनिवास कहलें कि हम तनाव में रहनीं। एहलिए कार अचानक से उहां पर रुक गइल। ऊ हमार कार में तोड़फोड़ कइलें। एकरे खातिर हम पुलिस अधिकारियन से एह मसला पर बात करब।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]