[the_ad_group id="30365"]

आदेश जारी: अवनीश अवस्थी बनले मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सलाहकार, फरवरी 2023 तक एह पद पs बनल रहिहें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेवानिवृत्त आईएएस अधिकारी अवनीश कुमार अवस्थी के मुख्यमंत्री के सलाहकार बनावल गइल बा। एह संबंध में अपर मुख्य सचिव, नियुक्ति आ कार्मिक डॉ. देवेश चतुर्वेदी आदेश जारी कs देले बाड़ें। उनकर ई नियुक्ति 28 फरवरी 2023 तक खातिर सृजित सलाहकार, मुख्यमंत्री के अस्थायी पद पs कइल गइल बा।

विस्तार पावे के तमाम चरचा के बीचे 31 अगस्त के अवनीश अवस्थी सेवानिवृत्त हो गइल रहस। उप्र.एक्सप्र्रेसवेज इंडस्ट्रियल डेवलपमेंट अथॉरिटी (यूपीडा) समेत उनकर सब विभागन के कार्यभार प्रमुख सचिव, मुख्यमंत्री आ सूचना संजय प्रसाद के सौंप दिहल गइल रहे।

अवनीश अवस्थी के लगे गृह के अलावे गोपन, वीजा-पासपोर्ट, जेल प्रशासन एवं सुधार, सतर्कता विभाग, धर्मार्थ कार्य विभाग के जिम्मेदारी रहे। ऊ यूपीडा आ उप्र. स्टेट हाईवेज अथॉरिटी (उपशा) के सीईओ आ डीजी जेलो रहस। ऊर्जा विभाग के अतिरिक्त चार्ज उनके लगे रहे।

अवनीश अवस्थी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बहुते भरोसेमंद आ सबसे पावरफुल ब्यूरोक्रेट रहल बाड़ें। अवस्थी 1984 के बाद सबसे लमहर समे तीन वर्ष एक महीना तक गृह विभाग के मुखिया रहे के रिकॉर्ड बना गइले। उनकर कार्यकाल एक अगस्त, 2019 से 31 अगस्त, 2022 तक रहल। एकरा पहिले आरसी टकरू के कार्यकाल नवंबर 1980 से मार्च 1984 तक के रहे।

अवस्थी के सेवानिवृत्त होखला के बाद उनका सम्मान में पुलिस विभागो के ओर से विदाई सम्मान समारोह के अयोजन कइल गइल रहे। लखनऊ के सप्रू मार्ग स्थित पुलिस ऑफिसर्स मेस में अवस्थी के सम्मान में कार्यवाहक डीजीपी देवेंद्र सिंह चौहान के ओर से ई आयोजन कइल गइल। एमे लखनऊ में नियुक्त एसपी से लेके एडीजी स्तर तक के अधिकारियन के आमंत्रित कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]