[the_ad_group id="30365"]

घरेलू बाजार पर दिख रहल बा वैश्विक बाजार में कमजोरी के दबाव, सेंसेक्स-निफ्टी लाल निशान पs

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

घरेलू शेयर बाजार में हफ्ता के पहिले कारोबारी दिन मंदी के साथ कारोबार शुरू भइल। वैश्विक बाजार में कमजोरी के चलते सेंसेक्स अउर निफ्टी लाल निशान पर खुलल। फिलहाल सेंसेक्स 457.72 अंक के गिरावट के संगे 61723.95 अंक पर कारोबार कs रहल बा। उहवें निफ्टी 134.70 अंक के गिरावट के संगे 18361.90 अंक पर ट्रेड करत दिख रहल बा। बाजार में आईटी, मेटल्स, रियल्टी अउर कंज्यूमर ड्यूरेबल्स इंडेक्स में सबसे ढ़ेर गिरावट दिख रहल बा।

सोमार के सेंसेक्स 411 अंक के गिरावट के संगे 61770 अंक के स्तर पs जबकि निफ्टी 94 अंक के गिरावट के संगे 18402 पर अउर बैंक निफ्टी 177 अंक के गिरावट के संगे 43455 के स्तर पs खुलल। शुरुआती कारोबार में सेंसेक्स में 500 अंक से बेसी के गिरावट दिख रहल बा। निफ्टी 18350 के नीचे लुढ़क गइल बा। यस बैंक के शेयर सोमार के कारोबार में 4 फीसदी के छलांग लगवलस, बैंक के शेयर में लगातार तीसरे दिन तेजी दिखल। आरबीआई के ओर से सीए ‘बास्क इन्वेस्टमेंट्स एंड वेरवेंटा होल्डिंग्स’ के प्रस्तावित निवेश के सशर्त मंजूरी दिहल गइला के बाद से स्टॉक में मजबूती दिख रहल बा।

डॉलर के मुकाबिले 33 पइसा टूटल रुपिया

हफ्ता के पहिले कारोबारी दिन रुपया में बड़ गिरावट आइल बा। डॉलर के मुकाबिले रुपया 33 पइसा के गिरावट के संगे 82.60 के स्तर पर खुलल बा। सुक्क के ई 82.27 के स्तर पs बंद भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]