[the_ad_group id="30365"]

फेड के ब्याज दर बढ़वले के बाद बाजार पs दबाव, सेंसेक्स-निफ्टी गिरावट के संगे खुलल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फेड के ब्याज दर बढ़ले के बाद बाजार पर दबाव दिखल अउर सेंसेक्स-निफ्टी गिरावट के संगे लाल निशान पर खुलल। फिलहाल सेंसेक्स 137.09 अंक के गिरावट के संगे 62,529.42 अंक के लेवल पर कारोबार कs रहल बा। एहमें 0.22 प्रतिशत के गिरावट दिख रहल बा। उहवें दूसरे ओर निफ्टी 39.30 अंक के गिरावट के संगे 18,621.00 अंक पर ट्रेड कर रहल बा, एहमें 0.23 प्रतिशत के गिरावट बा।क

इंडसइंड बैंक-एसबीआई के शेयर में तेजी, टेक महिंद्रा-इंफोसिस में कमजोरी

बैंक निफ्टी 44 हजार के ऊपर कारोबार कs रहल बा। वायदा कारोबार के वीकली एक्सपायरी के दिन आईआरसीटीसी के शेयर में पांच प्रतिशत के कमजोरी दिख रहल बा। बियफे के कारोबारी सेशन में इंडसइंड बैंक, एसबीआई, सन फार्मा अउर NTPC जइसन शेयर में तेजी बा। टेक महिंद्रा, इंफोसिस, HCL टेक्नोलॉजी के शेयर में कमजोरी दिख रहल बा।

बाजार में कौने सेक्टर के का बा हाल?

अमेरिकी फेड ब्याज दर में 50 बेसिस प्वाइंट बढ़वलस

ओंने, फेडरल रिजर्व महंगाई को कम कइले के कोशिश में ब्याज दर के अउर 50 बेसिस प्वाइंट्स बढ़ा दिहले बा। अमेरिका में इंटरेस्ट रेट अब 15 साल के उच्चतम स्तर पर पहुंच गइल बा। फेड प्रमुख जेरोम पॉवेल कहनें कि 2023 में भी महंगाई के खिलाफ जंग जारी रही अउर इंटरेस्ट रेट के 5.1 फीसदी ले बढ़ावल जाई।

क्रूड ऑयल 83 डॉलर प्रति बैरल के आसपास कारोबार

फेड के फैसला के बाद डाऊ जोंस 142 अंक यानी 0.42 फीसदी, नैस्डैक 0.76 फीसदी अउर S&P 500 0.61 फीसदी के गिरावट के साथ बंद भइल। उहवें, डर इंडेक्स 103.24 के स्तर पर ट्रेड कर रहल बा। क्रूड ऑयल में तीन फीसदी के तेजी के साथ कारोबार हो रहल बा अउर ई 83 डॉलर प्रति बैरल के आसपास कारोबार कs रहल बा। एसजीएक्स निफ्टी में 55 अंक के गिरावट दिखल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]