[the_ad_group id="30365"]

सपा के सोझे कार्यकर्ता लोग के हौसलामंद रखले के चुनौती, मैनपुरी अउर रामपुर खातिर नयका सिरे से बनावे के होई रणनीति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोला गोकर्णनाथ विधानसभा उपचुनाव में हार के सामना कइले के बाद समाजवादी पार्टी के चुनौती बढ़ गइल बा। उनके मैनपुरी लोकसभा अउर रामपुर विधानसभा उपचुनाव खातिर अपने रणनीति में बदलाव कs कार्यकर्ता के हौसलामंद रखे के होई। काहेसेकि मैनपुरी अभीन ले उनकर सबसे मजबूत किला ह।

विधानसभा उपचुनाव में सपा लगातार शिकस्त खा रहल बा। विधानसभा में धमाकेदार उपस्थिति बरकरार रखले खातिर पार्टी अध्यक्ष अखिलेश यादव आजमगढ़ अउर आजम खां रामपुर से इस्तीफा दिहलें। उपचुनाव में ई दूनों सीट सपा के हाथ से निकल गइल। निश्चित तौर पर गोला विधानसभा क्षेत्र पर भाजपा का पहिले से कब्जा रहल, लेकिन इहां से सपा के हरले के असर सीधे मैनपुरी लोकसभा अउर रामपुर विधानसभा उपचुनाव पर पड़ी।

पार्टी के ज्यादातर वरिष्ठ नेता ई दुहाई दे रहल बानें कि भाजपा छलबल से गोला सीट जीत लीहले बा। इहां सपा के 90 हजार से अधिक मत मिलल बा, लेकिन निरंतर मिल रहल हार से पार्टी कार्यकर्ता के हौसला टूटल स्वाभाविक बा। अइसे में राष्ट्रीय नेतृत्व के लगातार उपचुनाव में भी कमान सम्हारे के पड़ी। अभीन ले के इतिहास इहे रहल बा कि ऊ उपचुनाव से पूरा तरह से दूर बानें, लेकिन हार मिले चाहे जीत, दूनों में सेनापति के तौर पर मैदान में डट के सामना करे के पड़ी। काहेसेकि उपचुनाव से दूरी ई संदेश दे रहल बा कि कौनो न कौनो रूप में पार्टी हथियार डाल दिहले बा। अगर शीर्ष नेतृत्व मैदान में उतर के सेनापति के भूमिका निभवलस त मुलायम सिंह यादव के निधन के बाद शोक संतप्त मैनपुरी में सहानुभूति के लहर सपा के पक्ष में गइल तय बा।

तय नाइ हो पवलें उम्मीदवार

अखिलेश यादव शनिचर साँझ से अतवार ले सैफई में रहलें। एह दौरान परिवार के लोग से बातचीत भइल। सूत्रन के कहनाम बा कि ऊ मैनपुरी लोकसभा क्षेत्र के अलग-अलग लोग से मुलाकात कइलें अउर तैयारी में जुटले के आह्वान कइलें। लेकिन अभीन प्रत्याशी पर फैसला नाइ हो सकल बा। परिवार से जुड़ल ज्यादातर लोग तेज प्रताप यादव के नाम पर सहमत भी बतावे जा रहल बानें, लेकिन नाम के घोषणा से पहिले शिवपाल सिंह यादव के भी मनावल बड़ काम बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]