[the_ad_group id="30365"]

1-1 से टाई रहल बिहार उपचुनाव के रिजल्ट, बीजेपी आ आरजेडी आपन-आपन सीट फेर से जीतल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में भइल विधानसभा उपचुनाव के नतीजा टाई रहल बा। बीजेपी आ आरजेडी एक-एक सीट प जीत दर्ज कइलस। मोकामा में बाहुबली अनंत सिंह के पत्नी आ आरजेडी उम्मीदवार नीलम देवी बीजेपी के सोनम देवी के हरा देली। ओहिजा, गोपालगंज में दिवंगत सुभाष सिंह के पत्नी आ बीजेपी प्रत्याशी कुसुम देवी आरजेडी के मोहन गुप्ता के करीबी मुकाबला में मात देली। पहिलहू मोकामा सीट आरजेडी आ गोपालगंज बीजेपी के लगे रहे।

मोकामा विधानसभा सीट प भइल उपचुनाव में आरजेडी के नीलम देवी बीजेपी के सोनम देवी के 16,741 वोटन के अंतर से हरवली। नीलम देवी के 53 फीसदी से बेसी वोट मिलल। नीलम देवी बाहुबली अनंत सिंह के पत्नी हई। अनंत सिंह के आपराधिक ममिलन में सजा होखला के बाद उनकर विधायकी रद्द क दिहल गइल रहे, जवना के बाद इहां उपचुनाव के नौबत आइल। हालांकि, आरजेडी एह सीट से अनंत सिंह के पत्निए के मैदान में उतरलस, जेकरा जेडीयू-कांग्रेस समेत महागठबंधन के सब दलन के समर्थन मिलल। मोकामा के आरजेडी के गढ़ मानल जाला।

दोसरा ओर, गोपालगंज विधानसभा सीट में बीजेपी आ आरजेडी के बीच मुकाबला टक्कर के रहल। इहां से बीजेपी उम्मीदवार कुसुम देवी आरजेडी प्रत्याशी मोहन प्रसाद गुप्ता के 2183 मतन के अंतर से हरवली। विजयी कुसुम देवी पूर्व मंत्री सुभाष सिंह के पत्नी हई। सुभाष सिंह के निधन के बाद एह सीट प उपचुनाव भइल बा। वइसे त एह सीट के बीजेपी के गढ़ मानल जाला, बाकिर गोपालगंज आरजेडी सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के गृह जिलो ह। अइसे में इहां आरजेडी के दावेदारी मजबूत मानल जात रहे।

फिलहाल बिहार में उपचुनाव के नतीजा टाई रहल बा। पिछला चुनाव में जवन सीट जवना पार्टी के लगे रहे, अबकियो बेर ओकरे लगे गइल बा। गोपालगंज में मुकाबला टक्कर के रहल, बाकिर बीजेपी बाजी मार लेलेस। ओहिजा, मोकामा में लमसम ढाई दशक बाद चुनाव लड़ल बीजेपी 42 फीसदी से बेसी वोट हासिल कइलस, बाकिर तबो ना जीत सकल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]