[the_ad_group id="30365"]

नेपाल चुनाव : मतदान से पहिले 72 घंटा सील रही भारत-नेपाल सीमा, अधिकारी लोग बैठक में लिहलें फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेपाल में रूपनदेही जिला के छपिया स्थित एगो होटल के सभागार में भारत अउर नेपाल के अधिकारियन के उच्च स्तरीय बैठक भइल। एह दौरान 20 नवंबर के होखे वाले राज्य अउर प्रतिनिधिसभा चुनाव पर चर्चा भइल। मतदान के पहिले 72 घंटा ले दूनों तरफ सीमा सील रही। चुनाव के दिन 20 नवंबर रात 12 बजे ले भी सीमा सील रही।

बैठक के दौरान नेपाल अउर भारत के अधिकारियन के बीच समन्वय बैठक में नेपाल में चुनाव सकुशल संपन्न करवले पर जोर दिहल गइल। रूपनदेही मुख्य जिला अधिकारी भरतमणि पांडेय कहलें कि मुख्य रूप से चुनाव के दौरान सीमा सील पर चर्चा भइल बा। निष्पक्ष अउर भयमुक्त वातावरण में प्रतिनिधि सभा अउर प्रांतीय विधानसभा चुनाव कराने खातिर प्रशासन तैयार बा। सीमा क्षेत्र में दूनों पक्ष कानून के पालन करी। तुरंत सूचना के आदान-प्रदान करिहें। सब प्रकार के अवैध गतिविधियन के नियंत्रित करे खातिर सतर्कता बरतल जाई।

एह दौरान जिलाधिकारी महराजगंज सत्येंद्र कुमार, एसपी डॉ. कौस्तुभ, सहायक जिलाधिकारी रामचन्द्र आर्याल, एसपी रूपनदेही रविन्द्र रेग्मी आदि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]