[the_ad_group id="30365"]

बाजार में मंदी पर एह बैंक के शेयर में आइल जबरदस्त उछाल, निवेशकन के 5000 करोड़ से बेसी के फायदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शेयर बाजार में मंदी के बीच सरकारी से निजी होखे जा रहल आईडीबीआई बैंक के शेयरन में दस फीसदी ले के मजबूती आइल बा। बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज पर शेयर 11% चढ़ के 47.40 रुपया के भाव पर पहुंच गइल। बता देईं कि आईडीबीआई बैंक में सरकार अउर एलआईसी मिलकर आपन 60.72 प्रतिशत के हिस्सेदारी बेचे खातिर बोली बोलावल गइल बा। बाजार एह खबर पर सकारात्मक प्रतिक्रिया दीहलें बा, एसे कंपनी के निवेशकन के 5000 करोड़ रुपया से बेसी के फायदा भइल बा।
डीआईपीएएम बोलावल गइल बा बोली
idbi bank
आईडीबीआई बैंक में विनिवेश खातिर ईओआई जारी हो गइल बा। डीआईपीएएम निवेश खातिर बोली बोलावा भेजल गइल बा। बता देईं कि सरकार आईडीबीआई बैंक में आपन 30.4% हिस्सेदारी बेची। उहवें एलआईसी 30.24 फीसदी के हिस्सेदारी बेची।

गृह मंत्रालय से मंजूरी लेवे होई जरूरी

गृह मंत्रालय, भारत सरकार
सरकार आईडीबीआई बैंक में हिस्सेदारी खरीदे खातिर पहिला बेर कंपनियन खातिर पहिला चरण में ही गृह मंत्रालय के मंजूरी लेहल अनिवार्य कर दिहल गइल बा। एसे पहिले केंद्रीय नियंत्रण वाले सार्वजनिक उपक्रम (CPSE) के निजीकरण के प्रक्रिया में शामिल होखे वाली बोलीदाता कंपनियन खातिर दूसरे चरण में सुरक्षा मंजूरी लेवे के बाध्यता होला।

16 दिसंबर ले लगावल जा सकी बोली

एलआईसी आईपीओ
सरकार अउर एलआईसी मिल के आईडीबीआई बैंक में 60.72% प्रतिशत हिस्सेदारी बेचे वाली बा। बैंक में विनिवेश खातिर DIPAM के ओर से जारी EOI के अनुसार बोलीकर्ता एकर 16 दिसंबर ले बोली लगा सकी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]